[the_ad_group id="30365"]

अंजनेरी पहाड़ पs पानी के तेज धार में फंसले पर्यटक, 6 घंटा ले चलल रेस्क्यू ऑपरेशन;

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

 

महाराष्ट्र के नासिक जिला में पर्यटकन खातिर बरखा समस्या साबित भइल. असल में अतवार के कुछ पर्यटक नासिक के अंजनेरी गईल रहले। एही दौरान अचानक बरखा शुरू हो गईल। बरखा के चलते कुछ समय में पानी के तेज धार बहे लागल। पानी के तेज धारा के बीच पर्यटकन के फंसल एगो वीडियो भी सामने आइल। वीडियो में देखल गइल कि पर्यटक कवनो तरह से एक दूसरा के हाथ पकड़ के आपन जान बचावे के कोशिश में लागल बाड़े। हालांकि करीब 6 घंटा के मेहनत के बाद पर्यटक के बचावल गईल।

बचाव अभियान 6 घंटा ले चलल

असल में नाशिक जिला के अंजनेरी में पर्यटकन के बचावल गइल. वन विभाग के जवान कवनो तरह से पर्यटकन के बचा के जान बचा लिहले. करीब 6 घंटा के मेहनत के बाद सभ पर्यटक के सुरक्षित निकालल जा सकत रहे। बतावल जाता कि अतवार के सभ पर्यटक अंजनेरी गईल रहले। एही बीच अचानक अंजनेरी पहाड़ अवुरी आसपास के इलाका में भारी बरखा शुरू हो गईल। बरखा के चलते पहाड़ पs पानी के तेज धार बहे लागल। पानी के बहाव के बीच सब पर्यटक फंस गईले। बतावल जाता कि इs घटना अतवार के सांझ के पांच बजे भईल बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]