Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

उत्तर हावड़ा नागरिक वृंद के ओर से गंगा दशहरा के उपलक्ष में भव्य गंगा आरती के कार्यक्रम भइल आयोजित

474
Google Ads 300*250 for posts

आजु बियफे के उत्तर हावड़ा नागरिक वृंद के ओर से गंगा दशहरा के उपलक्ष में भव्य गंगा आरती के कार्यक्रम के आयोजन बांधाघाट (लंचघाट) में कइल गइल हवे।

कार्यक्रम में मुख्य रूप से रामधनी जी पांडे, शैलेंद्र झा, बलराम पाठक, अनु नेवटिया, ब्रिज भूषण सिंह, गणेश नाथ तिवारी”विनायक”, बिक्की यादव, ऋषिकेश पांडे , गंगा समग्र से अभय झा जी उपस्थित रहनीं हs।

रामधनी पांडे जी गंगा दशहरा के महातम बतावत सारा लोग से अपना भाषण के माध्यम से गंगा माई के साफ सुथरा रखे के निहोरा कइनी हs।

कार्यक्रम के सफल बनावे में मुख्य भूमिका रतनलाल, मनोज सिंह, राजेश चौधरी, रामनरेश सिंह जी के रहल। अंत में संस्था के महामंत्री कवियत्री अनु नेवटिया जी सब कार्यकर्ता लोग के धन्यवाद देली हs।

271640cookie-checkउत्तर हावड़ा नागरिक वृंद के ओर से गंगा दशहरा के उपलक्ष में भव्य गंगा आरती के कार्यक्रम भइल आयोजित

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.