Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

विदेश मंत्री के साथे बातचीत में ना उठल पैगंबर विवाद, ईरान वापस लेलस बयान

पैगम्बर मोहम्मद पs विवादित टिप्पणी के लेके अरब देशन में व्यापक आक्रोश के बीचे भारत बियफे के स्पष्ट रूप से कहलस कि अइसन टिप्पणी सरकार के रूख के प्रदर्शित ना करेला।

402

भारत सरकार बियफे के स्पष्ट करत कहलस कि ईरान के विदेश मंत्री के साथे बातचीत में पैगंबर टिप्पणी विवाद के मुद्दा ना उठल। दरअसल एकरा पहिले ईरान के विदेश मंत्रालय दावा कइले रहे कि भारतीय विदेश मंत्री एस जयशंकर के साथे बातचीत में पैगंबर के बारे में टिप्पणी के लेके पैदा भइल विवाद से संबंधित मुद्दा उठल रहे। ओइसे अब एह पs भारतीय विदेश मंत्रालय के प्रवक्ता बयान देले बाड़े। ऊ कहले, “हम समझत बानी कि एह मुद्दा के नइखे उठावल गइल।” पैगम्बर मोहम्मद पs विवादित टिप्पणी के लेके अरब देशन में व्यापक आक्रोश के बीचे भारत बियफे के स्पष्ट रूप से कहलस कि अइसन टिप्पणी सरकार के रूख के प्रदर्शित ना करेला।

ट्वीट आ टिप्पणी करे वालन के खिलाफ कार्रवाई कइल गइल सरकार

विदेश मंत्रालय के प्रवक्ता अरिंदम बागची बियफे के साप्ताहिक प्रेस वार्ता में कहले, ‘‘हमनी के पूरा तरे से स्पष्ट कs देले बानी सs कि अइसन ट्वीट, टिप्पणी सरकार के रूख के प्रदर्शित ना करेला।’’ ऊ कहले, ‘‘हमनी वार्ताकारन के एकरा बारे में बता दिहल गइल बा, संगही ई तथ्य बा कि अइसन ट्वीट आ टिप्पणी करे वालन के खिलाफ कार्रवाई कइल गइल बा। एह बारे में एकरा आलावे हमरा आउर कुछ नइखे कहे के।’’

भारत आ ईरान के बीचे संबंध बहुत अच्छा स्तर पs, बोलले ईरानी विदेश मंत्री हुसैन आमिर अब्दुल्लाहियन

विदेश मंत्रालय के प्रवक्ता से भारत के यात्रा पs आइल ईरान के विदेश मंत्री हुसैन आमिर अब्दुल्लाहियन के राष्ट्रीय सुरक्षा सलाहकार अजीत डोभाल के साथ बैठक के दौरान पैगम्बर मोहम्मद के खिलाफ विवादित टिप्पणी के मुद्दा उठावल गइला के रिपोर्ट के बारे में सवाल पूछल गइल रहे। दरअसल एकरा के लेके खुद ईरान के बयान में दावा कइल गइल कि अइसन टिप्पणी करे वालन पs अजीत डोभाल के तरफ से कठोर कार्रवाई करे के आश्वासन दिहल गइल बा।

ईरान वापस लेलस बयान

एह पर बागची कहले कि उनकर समझ ई बा कि जवना बयान के रउआ जिकिर कs रहल बानी, ओकरा के वापस ले लिहल गइल बा। ईरान के विदेश मंत्रालय के वेबसाइट पs ई दावा करे वाला बयान हटा लिहल गइल बा। पहिले के ईरानी बयान में दावा कइल गइल रहे कि ओकर विदेश मंत्री हुसैन से राष्ट्रीय सुरक्षा सलाहकार अजीत डोभाल बतवले रहस कि जवन लोग पैगंबर के खिलाफ विवादास्पद टिप्पणी करत बा लो, ओह लो के  “सबक सिखावल जाई”। एह विवादित बयान के अब ईरानी विदेश मंत्रालय के वेबसाइट पs उल्लेख नइखे। ईरान ओकरा के अपना साइट से हटा लेले बा।

भारत के यात्रा पs आइल ईरान के विदेश मंत्री हुसैन अमीर अब्दुल्लाहियन बुध के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ विदेश मंत्री एस जयशंकर से मुलाकात कइले रहस। ईरान के विदेश मंत्री के भारत यात्रा अइसन समय भइल बा, जब भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के दू गो पूर्व पदाधिकारियन के पैगंबर मोहम्मद पs कइल गइल विवादास्पद टिप्पणी के लेके पश्चिम एशिया के देशन द्वारा आक्रोश व्यक्त कइल जा रहल बा।

271580cookie-checkविदेश मंत्री के साथे बातचीत में ना उठल पैगंबर विवाद, ईरान वापस लेलस बयान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.