Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

रनवे के नीच्चे से निकली टनल: अपने आप में बहुते अनूठा होई वाराणसी एयरपोर्ट, बढ़ावे खातिर कवायद शुरू

220

वाराणसी के बाबतपुर स्थित लालबहादुर शास्त्री अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डा के बढ़ावे खातिर अब एयरपोर्ट अथॉरिटी नया प्लान बनाई। पहिले से तइयार दू कार्ययोजना के समेटत सुपर रनवे के संगही कारगो टर्मिनल के भी एहमें शामिल कइल जाई। आवे वाला 50 साल बाद के बनारस के ध्यान में रखत ई योजना बनावल जाई। एयरपोर्ट अथॉरिटी के विस्तृत कार्ययोजना के बाद जिला प्रशासन नया सिरा से सर्वे भी कराई।

दरअसल, वाराणसी एयरपोर्ट पs बोईंग सहित दूसर बड़ विमानन के लैंडिंग अउरी टेक ऑफ के संगही निर्यात के सुविधा खातिर विस्तार के योजना बनावल गइल बा। पिछले सप्ताह एयरपोर्ट अथारिटी के अधिकारियन अउर मुख्य सचिव डा. दुर्गाशंकर मिश्र के संगे भइल बैठक में नया सिरा से प्लान बनावे पर सहमति बनल बा।

एहमें बनारस के व्यवसायिक अउर औद्योगिक गतिविधियन में भविष्य के संभावना के आधार पर एयरपोर्ट के सब सुविधा शामिल कइले के योजना पs चर्चा भी रहल। एहमें विमान यात्रियन के संख्या को ध्यान में रखत कनेक्टिविटी अउर विमानन के संख्या बढ़ावे के संगही आयात-निर्यात सुविधा खातिर संसाधन विकसित कइलें पर सहमति भी बनल

330310cookie-checkरनवे के नीच्चे से निकली टनल: अपने आप में बहुते अनूठा होई वाराणसी एयरपोर्ट, बढ़ावे खातिर कवायद शुरू

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.