Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

PHOTOS: के हई सहारनपुर के पोलिंग ऑफिसर ईशा अरोड़ा, जेकर सेलिब्रिटी लुक सोशल मीडिया प वायरल हो गइल

275
Google Ads 300*250 for posts

यूपी लोकसभा चुनाव 2024 : लोकसभा चुनाव के पहिला चरण के वोटिंग जारी बा। ओने सहारनपुर के पोलिंग अधिकारी ईशा अरोड़ा सोशल मीडिया प वायरल हो गइल बाड़ी । सेलिब्रिटी लुक के चलते उनका के बहुत लाइक आ कमेंट मिलता।

2019 के लोकसभा चुनाव में लखनऊ के पोलिंग एजेंट पीला साड़ी (रीना द्विवेदी) के तस्वीर सोशल मीडिया प वायरल हो गइल। अबकी बेर सोशल मीडिया पर एगो महिला पोलिंग अधिकारी के तस्वीर वायरल हो रहल बा ।

पहिला चरण के तहत शुक्रवार के सहारनपुर में मतदान हो रहल बा। एही बीच गुरुवार के जब मतदान दल निकलत रहले त एगो सेलिब्रिटी देखाई देवे वाला पोलिंग वर्कर के तस्वीर वायरल हो गइल। जवना के बाद फोटो प लाइक आ कमेंट के बाढ़ आ गइल।

एह मतदान अधिकारी के नाम ईशा अरोड़ा ह जवन भारतीय स्टेट बैंक में काम करत बाड़ी। उनकर चुनावी कर्तव्य सहारनपुर से करीब 40 किलोमीटर दूर कैराना लोकसभा सीट के सहारनपुर विधानसभा क्षेत्र के गंगोह में मतदान अधिकारी प्रथम के रूप में बा। इहाँ वोटिंग करावत बाड़ी।

ईशा अरोड़ा सरकार आ स्थानीय प्रशासन के ओर से चुनाव खाती कईल व्यवस्था के तारीफ करत जनता से बेसि से बेसी संख्या में मतदान करे के अपील भी कइली।

दू बेर चुनावी ड्यूटी करे वाली ईशा अरोड़ा सोशल मीडिया पर वायरल भइला के बाद कहली कि चुनावी ड्यूटी में कवनो तरह के समस्या नइखे । बहुत बढ़िया इंतजाम हो चुकल बा। उ मतदाता से कहली कि हर वोट अनमोल होखेला। आपन वोट बर्बाद मत करीं आ वोट जरूर दीं । सोशल मीडिया प सेलिब्रिटी बने प ईशा अरोड़ा कहली कि अइसन कुछूओ नइखे। हम त बस आपन कर्तव्य निभावत बानी।

796440cookie-checkPHOTOS: के हई सहारनपुर के पोलिंग ऑफिसर ईशा अरोड़ा, जेकर सेलिब्रिटी लुक सोशल मीडिया प वायरल हो गइल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.