VI के जबरदस्त प्लान, फ्री कॉलिंग के साथे 84 दिन ले धड़ल्ला से चलाईं इंटरनेट

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 19, 2024

Vodafone Idea best Prepaid Plan: वोडाफोन आइडिया हमरे देश के तीसरका सबसे बड़हन टेलिकॉम कंपनी हs। वीआई के पास एs समय 22 करोड़ से ढेर यूजर्स मौजूद बा। अपने ग्राहकन के सहूलियत के खातिर वीआई

Share

Vodafone Idea best Prepaid Plan: वोडाफोन आइडिया हमरे देश के तीसरका सबसे बड़हन टेलिकॉम कंपनी हs। वीआई के पास एs समय 22 करोड़ से ढेर यूजर्स मौजूद बा। अपने ग्राहकन के सहूलियत के खातिर वीआई समय समय पs अपने ग्राहकन खातिर सस्ता आ किफायती रिचार्ज प्लान्स ऑफर आवत रहेला। वीआई अपने कईगो प्लान्स में लंबा वैलिडीटी के साथे ओटीटी के फ्री सब्सक्रिप्शन देले ।

अगर आप अपने फोन में वीआई के सिम इस्तेमाल करेनी तs एह खबर आपके काम के होखे वाला बा। हम आपके एगो अइसन जबरदस्त रिचार्ज प्लान के जानकारी देवे जात रहीं जेमें यूजर्स के लंबा वैलिडिटी, अधिक डेटा, फ्री कॉलिंग के साथे ओटीटी के फायदा उठा सकेनी।

Vi के लिस्ट के धमाकेदार प्लान

वोडाफोन आइडिया के जेमे रिचार्ज प्लान के हम बात करत बानी। इs 839 रुपिया के आवेला। अगर रउरा एतना रुपिया से अपना वीआई नंबर के रिचार्ज करत बानी तs रउरा एके बेर में कई दिन के खातिर रिचार्ज के झंझट से फ्री हो जाएब। वीआई 839 रुपिया के प्लान में ग्राहक के 84 दिन के लंबा वैलिडिटी ऑफर करत बा।

प्लान में मिलीं बिंज ऑल नाइट के ऑफर

रउरा 84 दिन ले कवनो नेटवर्क में अनलिमिटेड फ्री कालिंग क आनंद उठा सकेनी। अगर एके डेटा बेनिफिट्स के बात करीं तs ई प्लान ओ यूजर्स के खातिर सबसे परफेक्ट बा जेमें अधिक डेटा चाहि। एमें पूरा वैलिडिटी के खातिर कुल 168GB डेटा मिलेला, यानी रउरा हर दिन 2GB डेटा इस्तेमाल क‌s सकेनी। ई प्लान बिंज ऑल नाइट ऑफर के साथे आवेला। तs रउरा एमें रात 12 बजे से लेके सुबह 6 बजे ले अनलिमिटेड डेटा एक्सेस क‌s सकेनी।

वीआई एs प्लान में अपने यूजर्स के हर दिन 100SMS फ्री देवेला। अगर आप डिज्नी प्लस हॉटस्टार के दीवाना बानी तs ई प्लान खूब भाए वाला बा। एमें यूजर्स के 84 दिन के खातिर डिज्नी प्लस हॉटस्टार के फ्री सब्सक्रिप्शन मिलेला। एs प्लान के लेले के बादे रउरा कs ओटीटी के मंथली खर्च बचे वाला बा।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.