Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bihar New DGP: आरएस भट्टी होइहें बिहार के नया डीजीपी, एसके सिंघल के कार्यकाल बिहान हो रहल बा समाप्त

बिहार के अगिला पुलिस महानिदेशक आरएस भट्टी (RS Bhatti) होइहें। भट्टी एसके सिंघल के स्थान लेले बाड़ें। सिंघल के कार्यकाल 19 दिसंबर के समाप्त हो रहल बा।

468
Google Ads 300*250 for posts

बिहार के अगिला पुलिस महानिदेशक राजविंदर सिंह भट्टी (RS Bhatti) होइहें। ऊ एसके सिंघल के जगह लिहें। सिंघल के कार्यकाल 19 दिसंबर के समाप्त हो रहल बा। आरएस भट्टी के कार्यकाल 30 सितंबर 2025 तक खातिर होई। ऊ 1990 बैच के आईपीएस हवे आ फिलहाल केंद्रीय प्रतिनियुक्ति पs बाड़ें। आरएस भट्टी पंजाब के रहे वाला हवे।

भट्टी केंद्रीय प्रतिनियुक्ति से लवटलें तs मुख्यालयो चउकल

19 दिसंबर के बिहार के पुलिस महानिदेशक (डीजीपी) एस. के. सिंघल के रिटायर होखला के एक दिन पहिले अतवार के पुलिस मुख्यालय में 1989 बैच के भारतीय पुलिस सेवा के अधिकारी आलोक राज के नया डीजीपी मानल जात रहे, बाकिर राज्यपाल के आदेश से जारी गृह (आरक्षी) विभाग के अधिसूचना से सभे चउक गइल।

केंद्रीय प्रतिनियुक्ति पs रहल 1990 बैच के आईपीएस अधिकारी आर. एस. भट्टी के राज्य के नया डीजीपी नियुक्त कs दिहल गइल। भट्टी के नाम के चरचा पहिले से रहे, बाकिर ऊ एगो बैच बाद के हवे आ केंद्रीय प्रतिनियुक्ति पs सीमा सुरक्षा बल के पूवी कमांड के अपर महानिदेशक के पद पs तैनात रहस, एहीसे अतवार के डीजी (प्रशिक्षण) आलाेक राज के डीजीपी मानके तमाम आईपीएस अधिकारी बधाइ देत रहे लोग। भट्टी सुरुआती दौर में राजधानी पटना में अपना काम से चर्चित रहल रहस। राजविंदर सिंह भट्टी के छवि एगो सख्त अधिकारी के बा।

414180cookie-checkBihar New DGP: आरएस भट्टी होइहें बिहार के नया डीजीपी, एसके सिंघल के कार्यकाल बिहान हो रहल बा समाप्त

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.