कोरोना काल के बाद से ही स्मार्टफोन के साथ-साथ लैपटॉप के मांग भी तेजी से बढ़ल बा। ऑफिस के काम, फिल्म अउरी वेब सीरीज देखे अउरी बचवन के ऑनलाइन स्टडी खातिर लैपटॉप के जरूरत होती होला। अइसन में खाली महंग लैपटॉप खरीदल जरूरी नाइ बा। आजकल मार्केट में कम कीमत में भी निम्मन स्पेसिफिकेशन अउरी फास्ट प्रोसेसर वाले लैपटॉप उपलब्ध बा। अगर आप कम कीमत में फास्ट प्रोसेसिंग अउरी लमहर बैटरी वाला लैपटॉप के तलाश में बानीं त ई बा कुछ नमूना।
HP Core i3 11th Gen 14s
40 हजार से कम कीमत में HP Core i3 11th Gen 14s एगो शानदार ऑप्शन बा। एह लैपटॉप के 35,990 रुपया के कीमत पर खरीदल जा सकsता। लैपटॉप में 14 इंच के फुलएचडी प्लस आईपीएस डिस्प्ले के सपोर्ट मिलsला। HP Core i3 11th Gen 14s में 4G LTE कॉन्फ्रीगेशन अउर यूएसबी पोर्ट इनेबल के इंटीग्रेट कइल जा सकsता। लैपटॉप में 11th Gen Intel i3 प्रोसेसर अउर 8 जीबी रैम के साथ 256 जीबी SSD स्टोरेज मिलsला। लैपटॉप में बिल्ट-इन एलेक्सा के सपोर्ट भी बा।
Dell Inspiron 3511
Dell Inspiron 3511लैपटॉप को 39,990 रुपया के कीमत पर खरीदल जा सकsता। Dell Inspiron 3511 में 8 जीबी रैम के साथ 512 जीबी के SSD स्टोरेज मिलला। लैपटॉप में Intel Core i3 प्रोसेसर के सपोर्ट बा। लैपटॉप में 15.6 इंच के फुलएचडी प्लस WVA AG डिस्प्ले मिलsला। लैपटॉप के संगे लंबी बैटरी के सपोर्ट भी मिलला। एकर वजन 1.8 किलोग्राम बा।
Lenovo IdeaPad Slim 3
Lenovo IdeaPad Slim 3 के 34,990 रुपया के कीमत पर खरीदल जा सकsता। लैपटॉप में 15.6 इंच के फुलएचडी प्लस डिस्प्ले अउर Windows 10 के सपोर्ट मिलsता। Lenovo IdeaPad Slim 3 में 8 जीबी रैम के साथ 1 टीबी HDD स्टोरेज मिलsता। लैपटॉप के साथ 10th Gen Intel Core i3 प्रोसेसर के पावर मिलsता। लैपटॉप के वजन 1.7 किलोग्राम बा।
ASUS Vivobook 14
ASUS VivoBook 14 स्टाइलिश अउर लाइट वेट लैपटॉप ह। एकर बॉडी मेटल के ह अउरी वजन 1.6 किलोग्राम बा। एमें 10th Gen Intel Core i5 प्रोसेसर के साथ 8 जीबी DDR4 रैम अउरी 512 जीबी के SSD स्टोरेज बा। रैम 12 जीबी ले बढ़ावल जा सकेला। लैपटॉप के संगे विंडोज 11 के सपोर्ट भी मिलsता। एके 37,990 रुपया के कीमत पर खरीदल जा सकsता।
Mi Notebook 14 Core i5 10th Gen
Mi Notebook 14 के कीमत 44,999 रुपया बा, लेकिन एके ऑफर्स में 40 हजार से कम कीमत में खरीदल जा सकsता। लैपटॉप में विंडोज 10 होम दिहल गइल बा। एहमें 10वें जेनरेशन के इंटेल कोर आई5 प्रोसेसर, इंटेल UHD ग्राफिक्स 620 GPU, 8 जीबी DDR4 रैम अउर 256 जीबी SSD स्टोरेज मिलsला। लैपटॉप में 14 इंच के फुल एचडी एंटी ग्लेयर डिस्प्ले बा। लैपटॉप कॉन्पैक्ट अउर हल्का बा अउरी एकर वजन 1.5 किलोग्राम बा।
Comments are closed.