Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पंचायत सीजन 4 में जितेन्द्र कुमार ना, ई अभिनेत्री सचिव जी बन जइहें, गोविंदा के साथे काम करे वाली अभिनेत्री के हीरोइन नंबर वन कहल जाला

655

पंचायत सीजन 4 से जुड़ल एगो अपडेट सामने आइल बा, जवना में बॉलीवुड अभिनेत्री करिश्मा कपूर के नयका सचिव बने के चर्चा होखता।

प्रशंसक बेसब्री से इंतजार करत बाड़े पंचायत सीजन 3 के, जवना के ट्रेलर रिलीज हो चुकल बा। ई सीरीज 28 मई के प्राइम वीडियो पर रिलीज होखे वाला बा । बाकिर हालही में एगो पोस्टर शेयर कइल गइल, जवना में फुलेरा गाँव खातिर नया सचिव के रिक्ति के जानकारी दिहल गइल । ओने बॉलीवुड अभिनेत्री करिश्मा कपूर एह सीरीज के हिस्सा बने के इच्छा जतवले बाड़ी जवना के वीडियो सोशल मीडिया पर वायरल हो रहल बा । खाली प्रशंसक ना बलुक सेलेबस के भी रिएक्ट करत देखल जा रहल बा।

करिश्मा कपूर इंस्टाग्राम प एगो वीडियो शेयर कइले बाड़ी, जवना में उ फुलेरा के नयका सचिव बने के इच्छा जतवले बाड़ी। क्लिप में अभिनेत्री कहत बाड़ी, नमस्ते मंजू देवी जी आ प्रधान पति जी । फुलेरा के सादगी हमरा के अपना ओर आकर्षित कइले बा। हालांकि बहुत समस्या बा आ उ होखत रहेला। बाकिर ओह समस्या के समाधान हम ले आ सकेनी । हमरा मालूम बा कि रउरा लोग का सोचत होखब । फुलेरा में करिश्मा इहे करीहें ।

आगे कहत बाड़ी, फुलेरा नाम सुनते ही। एकरा से एगो साधारण जीवन के सुगंध आवेला। एही से हमरा पूरा भरोसा बा कि हम फुलेरा के अगिला सचिव बन सकेनी आ हमार प्रिय फुलेरा निवासी लोग, एक बेर सचिव बन गइला पर राउर जिनिगी बिल्कुल साधारण ना होई। हम एगो बड़हन करिश्मा लेके आवत बानी। मतलब ग्लैमर, तनी अभिनय के क्लास आ ढेर मौका । फेर सीधे फुलेरा के प्रसिद्धि के ओर। त घर-घर में नाच-गाना होई। काहे कि उनका लगे सचिव नंबर एक होखी । त बस एह मासूम चेहरा पर विश्वास करीं आ ओकरा के फुलेरा के अगिला सचिव बना दीं ।

827170cookie-checkपंचायत सीजन 4 में जितेन्द्र कुमार ना, ई अभिनेत्री सचिव जी बन जइहें, गोविंदा के साथे काम करे वाली अभिनेत्री के हीरोइन नंबर वन कहल जाला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.