Gorakhpur News: लोकसभा चुनाव के अंतिम दिन 21 उम्मीदवार भरल लो परचा

By Anurag Ranjan

Published on: May 15, 2024

गोरखपुर। लोकसभा चुनाव के लेके चल रहल नामांकन प्रक्रिया के अंतिम दिन मंगर के कुल 21 उम्मीदवार नामांकन दाखिल कइल लो। एमे गोरखपुर संसदीय सीट से 16 आ बांसगांव से पांच प्रत्याशी सामिल बा लो।

Share

गोरखपुर। लोकसभा चुनाव के लेके चल रहल नामांकन प्रक्रिया के अंतिम दिन मंगर के कुल 21 उम्मीदवार नामांकन दाखिल कइल लो। एमे गोरखपुर संसदीय सीट से 16 आ बांसगांव से पांच प्रत्याशी सामिल बा लो। एकरा अलावे कुछ प्रत्याशी दोबारा परचा भरल बा। जवना के लेके दुनो लोकसभा सीटन में कुल मिलाके अब तक 39 प्रत्याशी परचा भरले बा लो। नामांकन पत्रन के जांच बुध के कइल जाई, जबकि नाम वापसी 17 मई के होई।

गाेरखपुर लोकसभा सीट से मंगर के मुस्लिम मजलिस पार्टी के जमीरुद्दीन अहमद, जनता शासन पार्टी के चंद्रशेखर सिंह, बहुजन मुक्ति पार्टी के अमिता भारती, राष्ट्रीय भागीदारी पार्टी के रमाकांत, भारतीय युवाजन एकता पार्टी के अंकित शाह, राष्ट्रवादी विकास पार्टी के विजय कुमार भारती, निर्दल साहबजादा, मृदुल कुमार श्रीवास्तव, कन्हई, प्रेम प्रकाश, लालधारी यादव, अशोक, अनिल यादव, महेंद्र कुमार, रेखा, राजन यादव परचा भरल लो। ओहिजा, इंडिया गठबंधन (समाजवादी पार्टी) के काजल निषाद, निर्दल आनंद कुमार यादव आ राष्ट्रीय सुरक्षा पार्टी के जितेंद्र ने दोबारा नामांकन पत्र जमा कइल लो। जबकि बांसगांव लोकसभा क्षेत्र से नामांकन करे वालन में निर्दल प्रत्याशी गया प्रसाद, मुरलीधर, राजेंद्र चौधरी, सिकंदर आ राकेशो सामिल रहे लो। एकरा अलावे इंडिया गठबंधन के सदल प्रसाद, बहुजन समाज पार्टी के डॉ. राम समुझ आ निर्दल श्रवण कुमार निराला दोबारा परचा भरल लो।

सामान्य प्रेक्षक कइलें दुनो नामांकन कक्ष के निरीक्षण

लोकसभा चुनाव को सकुशल सम्पन्न कराने के लिए जनपद आए सामान्य प्रेक्षकों में गोरखपुर लोकसभा के प्रेक्षक आईएएस नथमल डिडेल व बांसगांव लोकसभा क्षेत्र की प्रेक्षक आर मेनका ने गोरखपुर लोकसभा नामांकन स्थल व बांसगांव लोकसभा नामांकन स्थल का निरीक्षण किया। एह दौरान ऊ रिटर्निंग अफसर आ उपस्थित अधिकारियन के आवश्यक दिशा निरदेस देले लो। नामांकन कक्ष के जिलाधिकारी आ जिला निर्वाचन अधिकारी कृष्णा करुणेश  निरीक्षण कs के जायजा लेलें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.