Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

नेपाल में चुनाव के धेयान में रखत आजु से तीन दिन बंद रही भारत-नेपाल सीमा

185
Google Ads 300*250 for posts

नेपाल में 20 नवंबर के प्रतिनिधि अउर प्रदेश सभा सदस्य खातिर होखे वाले चुनाव के मद्देनजर भारत-नेपाल सीमा तीन दिन खातिर बंद रही। नेपाल में आयोजित चुनाव के सकुशल निपटावे खातिर ई फैसला लिहल गइल बा। सीमा से जुड़ल थाना क्षेत्र में गश्त तेज कs दिहल गइल बा।

भारत- नेपाल के खुलल सीमा बा। नेपाल में 20 नवंबर के प्रतिनिधि अउर प्रदेश सभा सदस्य खातिर चुनाव होई। खुलहा सीमा होखले के चलते दूनों देश में होखे वाले चुनाव के अराजक तत्व द्वारा प्रभावित करे के अनेसा बनल रहेला। चुनाव के दौरान कौनो तरह के कौनो समस्या न पैदा होखे। एकरे खातिर बीतल दिन में नेपाल में भारतीय सुरक्षा अधिकारियन के संगे बैठक कS के तीन दिन सीमा बंद करे के निर्णय लिहल गइल बा।

नेपाल में चुनाव के ले के 18, 19 अउर 20 नवंबर के सीमा बंद रही। बंदी के दौरान खाली आवश्यक सेवा पेट्रोलियम पदार्थ, एंबुलेंस अउर मरीजन के अइले-गइले के सुविधा पहिले के तरे दूनों देश के तरफ से देहल जाई। एसपी केशव चौधरी बतवलें कि सीमा से सटल सब थानाध्यक्षन के गश्त बढ़ावे के संगे अलर्ट रहे के निर्देश दिहल गइल बा।

384320cookie-checkनेपाल में चुनाव के धेयान में रखत आजु से तीन दिन बंद रही भारत-नेपाल सीमा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.