[the_ad_group id="30365"]

स्काईरुट रॉकेट: देश के पहिले निजी रॉकेट के लॉन्चिंग, स्काईरूट एयरोस्पेस के मिशन भइल ‘प्रारंभ’

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देश के पहिला निजी रॉकेट विक्रम-एस के आज आंध्रप्रदेश के श्रीहरिकोटा से लॉन्च कs दिहल गइल। अंतरिक्ष स्टार्टअप स्काईरूट एयरोस्पस के ओर से एह विकसित रॉकेट के भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान संगठन (इसरो) लॉन्च कइलें। बिहाने 11:30 बजे ई रॉकेट  उड़ान भरल। पहिले एह रॉकेट के 15 नवंबर के लॉन्च कइल जाए के रहल, लेकिन खराब मौसम के कारण एके आजु छोड़ल गइल।

बता देईं, स्काईरूट एयरोस्पेस के एह पहिले मिशन के ‘प्रारंभ’ नाम दिहल गइल बा। जेमें तीन उपभोक्ता पेलोड बानें। एह मिशन के स्काईरूट खातिर एगो महत्वपूर्ण मील के पत्थर मानल जा रहल बा, काहेसेकि ई ओ 80 प्रतिशत तकनीक के मान्यता दियवले में मदद करी, जिनकर उपयोग विक्रम-1 कक्षीय वाहन में कइल जाई, जेके अगिले साल छोड़ले के योजना बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]