Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

संक्रमण के खिलाफ सुरक्षा जरूरी: अब 18 से 59 साल तक के लोगन के नि:शुल्क दिहल जाई बूस्टर डोज

176
Google Ads 300*250 for posts

• संक्रमण के खिलाफ लड़ाई में टीकाकरण बावे जरूरी
• जिला में व्यापक स्तर पs चल रहल बा टीकाकरण अभियान

सीवान:  वैश्विक महामारी कोरोना संक्रमण के खिलाफ लड़ाई के मजबूत करे ला टीकाकरण अभियान चलावल जा रहल बा। अब सभे व्यस्कन के तीसरका डोज माने बूस्टर डोज लगावल जाई। एकरा के लेके स्वास्थ्य विभाग एगो अच्छा पहल कइले बा। बिहार सरकार 18 से 59 साल के लोग ला बूस्टर डोज मुफ्त कइले बिया।अब तक हेल्थ कर्मी फ्रंटलाइन वर्कर, 60 से बेसी आयु वर्ग ,किशोर आ जुवा वर्ग के वैक्सीन लगावल जा रहल बा। ओहिजा अब कोरोना से बचाव खातिर प्रीकाॅशनरी डोज माने बूस्टर डोज लगावल जा रहल बा। देश के कइयन गो हिस्सा से कोरोना के नया ममिला अइला के बाद सब लोगन के सतर्क आ सचेत रहल बहुत जरूरी बा। सरकार द्वारा जारी दिशा निर्देश के आलोक में जिला में जिला स्वास्थ्य समिति द्वारा कोविड जांच बढ़ावे पs जोर दिहल गइल बा। वर्त्तमान समे में जिला में प्रखंड स्तर पs आयोजित कइल जा रहल मेला के दौरान कोविड जांच के सुविधा प्रदान करत लोगन के कोविड जांच कइल गइल बा। ओहिजा  कोविड जांच के कइयन केन्द्र स्थापित कइल गइल बा। ओइसही हालिया आंकड़न के मानल जाव तs राज्य में देश के औसत से अधिक कोविड जांच कइल गइल बा,जवन सरकार आ लोगन में कोरोना के प्रति सजगता के देखावत बा।

बूस्टर डोज के साइड इफेक्ट क्या हैं ?

स्वास्थ्य मंत्रालय के अनुसार कोविड-19 वैक्सीन के पहिला खुराक लेला के बाद कई लोगन के हाथ में सूजन, बुखार, देह में दरर्, सिरदर्द , थकान, गर में खरास जइसन लक्षण महसूस भइल रहे। कुछ लोगन के ठंडा लागल, सूजन, लिम्फ नोड्स होखे के संभावना रहेला। हालांकि ई संकेत प्रतिरक्षा प्रणाली विकसित होखला आ टीका के प्रति देह क प्रतिक्रिया हो सकत बा। बता दीं कि सरकारी टीकाकरण केंद्रन के माध्यम से चल रहल मुफ्त टीकाकरण कार्यक्रम के संगे-संगे स्वास्थ्य कर्मियन, फ्रंट लाइन वर्कर आ 60 से बेसी साल के  लोगन खातिर बूस्टर डोज अभियान जारी रही आ ओमे तेजी ले आवल जाई।

संभावित खतरा के प्रति विभाग गंभीर:

सिविल सर्जन डॉ. यदुवंश कुमार शर्मा कहनी कि जांच के संख्या बढ़ावे खातिर जरूरी निरदेस दिहल गइल बा। कोरोना वैक्सीनेशन आ जांच पs फेर से जोर दिहल जा रहल बा। सब अस्पताल के चिकित्सा प्रभारियन के एकरा के लेके सचेत कइल गइल बा। रोज कोरोना जांच के लेके निर्धारित लक्ष्य प्राप्ति हर हाल में सुनिश्चित करावे के कहल गइल बा। उहाँ के आम लोगन से संक्रमण से बचाव संबंधी जरूरी उपायन के सख्तीपूर्वक अनुपालन के अपील कइले बानी।

 

कोविड अनुरूप बेवहार बा जरूरी:

सिविल सर्जन कहनी कि कोरोना से बचाव ला मास्क जरूरी बा। एकरा अलावे भीड़भाड से बचाव आवश्यक बा। ओहिजा कोरोना से रक्षा ला हाथ आ देह के साफ राखल जरूरी बा।  एह उपायन से हमनी के संक्रमण से बचाव कs सकत बानी सs। कवनो तरे के संदेह होखला पs लोगन के नजदीक के सरकारी अस्पताल में जाके जांच करावे के चाहिन। ओहिजा निःशुल्क रूप से कोरोना वायरस जांच के सुविधा उपलब्ध बा। ओहिजा जांच के बाद रिपोर्ट पॉजिटिव अइला पs चिकित्सक से उपचार के सुविधा के लाभ उठाई।

245530cookie-checkसंक्रमण के खिलाफ सुरक्षा जरूरी: अब 18 से 59 साल तक के लोगन के नि:शुल्क दिहल जाई बूस्टर डोज

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.