सिसवन के बैनर तले लागल रघुनाथपुर में स्वास्थ्य मेला

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 26, 2022

चकमा देके विधायक से करावल गइल उद्घाटन प्रभारी व मैनेजर की उदासीनता से रहा व्यवस्थाहिन मेला सुप्रसिद्ध बा बिहार में लिटी चोखा,पदाधिकारी माहिर बा लो प्रतिनिधि के देवे में धोखा। अइसने कहावत सोमार के रघुनाथपुर

Share

  • चकमा देके विधायक से करावल गइल उद्घाटन
  • प्रभारी व मैनेजर की उदासीनता से रहा व्यवस्थाहिन मेला

सुप्रसिद्ध बा बिहार में लिटी चोखा,पदाधिकारी माहिर बा लो प्रतिनिधि के देवे में धोखा। अइसने कहावत सोमार के रघुनाथपुर रेफलर अस्पताल परिसर में स्वास्थ्य मेला में देखे के मिलल। अइसन परिस्थिति देख सूत्र लो के आरोप बा कि रघुनाथपुर में पदाधिकारी प्रतिनिधि के धोखा देने में माहिर बा लो। मालूम होखे कि रघुनाथपुर रेफलर अस्पताल प्रभारी डां॰ नरेन्द्र पाठक आ स्वास्थ् मैनेजर पुष्पा कुमारी के लापरवाही के बदौलत अस्पताल के मुख्य दरवाजा पs रघुनाथपुर स्वास्थ्य मेला के बैनर रहे। जबकि मेला मुख्य दरवाजा पs सिसवन प्रखंड के बैनर चिपकावल गइल रहे। अइसन अवस्था में डां॰ पाठक विधायक हरिशंकर यादव के चकमा देके विधिवत् उद्घाटन करवले।

श्री यादव के मेला में लागल टेबल के जानकारी देत महिला स्वास्थ्य मैनेजर मेला घुमवली। कुछे घंटा में मेला रूपी टेन्ट में अव्यवस्था आ तेज घाम आ पछुआ के तेज हवा के कारण मजबूर कर्मियन के कुरसी छोड़े के पड़ल। जवना चलते मेला में रोगी नोक झोंक करे लागल लो। प्रभारी डां॰ पाठक बतवले एह कार्यशाला में लगभग दू सौ रोगियन के जांच कs के मुफ्त दवा बांटल गइल बा। बैनर के सवाल पs बतावल गइल कि माइनर दिक्कत के कारण सिसवन प्रखंड के बैनर लागल रहे। मवका पs डां॰ संजीव कुमार सिंह , डा॰ अंजनी कुमार सिंह , डां॰ प्रेम कुमार निराला आउर सब स्वास्थ्य कर्मी आ नर्स मवजूद रहल लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.