Raghunathpur: गैस वितरण के गाड़ी से एगो अबोध बच्ची के दर्दनाक मौत

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 26, 2022

मजदूर बाप रेक पs गइल रहले गिट्टी उतारे। मुखिया प्रतिनिधि गैस एजेंसी संचालक आ पीड़ित परिवार के बीच करवले कम्परमाइज…    रघुनाथपुर थानाक्षेत्र के बडुआ गांव में साई ग्रामीण गैस वितरण कचनार के गाड़ी के

Share

मजदूर बाप रेक पs गइल रहले गिट्टी उतारे। मुखिया प्रतिनिधि गैस एजेंसी संचालक आ पीड़ित परिवार के बीच करवले कम्परमाइज… 

 

रघुनाथपुर थानाक्षेत्र के बडुआ गांव में साई ग्रामीण गैस वितरण कचनार के गाड़ी के चपेट में अइला से एगो अबोध बच्ची के मौत मवके पs हो गइल। बच्ची के दर्दनाक मौत से हर कोई स्तब्ध रहे। मृत बच्ची के उमिर महज 3 बरिस रहे जवन हीरालाल महतो के लईकी रेशमी कुमारी रहली।

उक्त घटना मंगर के भोरे करीब 9 बजे घटल। ओ समे मृत बच्ची के पिता हीरालाल महतो सीवान रेलवे रेक पs ट्रेन से गिट्टी उतारे गइल रहस। पड़ोसियन द्वारा फोन से सूचना मिलला पs भागल-भागल घरे अइले। बडुआ मुखिया प्रतिनिधि आशकरण सिंह उर्फ राजू सिंह मध्यस्थता कs के गैस एजेंसी संचालक से पीड़ित परिवार के मुआवजा दिवा के ममिला के सुलह करवले।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.