जइसहीं लोकसभा चुनाव के नतीजा के एलान होखल तs महाराष्ट्र के राजनीति में बड़ हलचल मचल लउकत बा. महाराष्ट्र के उपमुख्यमंत्री देवेंद्र फडणवीस एगो राज्य में भाजपा के हार के पूरा जिम्मेदारी लेले बाड़े। एतने ना, राज्य में पार्टी के हार के जिम्मेदारी लेके उ पार्टी के वरिष्ठ नेता से निहोरा कईले बाड़े कि उनुका के महाराष्ट्र सरकार के जिम्मेदारी से मुक्त कs दिहल जाए।