[the_ad_group id="30365"]

‘कंगना रनौत के चेहरा ना देखे के चाहीं, पाप लागि…’ एक्ट्रेस पऽ काहे भड़कले शंकराचार्य? लगवले गंभीर आरोप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कंगना रनौत आज हिमाचल प्रदेश के मंडी से भाजपा सांसद बाड़ी। धर्म आ राजनीति से जुड़ल संवेदनशील मुद्दा पs बेबाक बयान के चलते उ हमेशा सुर्खी में रहेली। सांसद बने से करीब 5 साल पहिले उऽ बयान देके हिन्दू के धार्मिक भावना के चोट पहुंचवले रहली, जवना पs शंकराचार्य अविमुक्तेश्वरानंद आपन चुप्पी तूड़ देले बाड़े।

साल 2019 में कंगना रनौत अपना एगो ट्वीट में गोमांस खाए के जायज ठहरवले रहली, जेकरा बाद अभिनेत्री के बयान पs बहुत हंगामा भइल। उनुका पs गाय के मांस खाए के आरोप लागे लागल। अब शंकराचार्य अविमुक्तेश्वरानंद कंगना रनौत के गाय के मांस के सेवन पs दिहल बयान पs नाराजगी जतवले बाड़े।

शंकराचार्य अविमुक्तेश्वरानंद कंगना रानौत के गाय के मांस खाए के आरोप पs ‘मीडिया’ से कहले कि, ‘उनका प केहु दोसर आरोप नइखे लगवले, उऽ खुद इ बात मान लेले रहली।’ ई बात सार्वजनिक बा। उऽ एकरा पs कवनो अफसोस नइखी जतवले। उऽ अबहियो कवनो पश्चाताप नइखी कइले।

शंकराचार्य से जब पूछल गइल कि कंगना रणौत के बयान पs कवनो टिप्पणी नइखी कइल चाहत तऽ उऽ खिसिया के कहले कि कवनो सवाल नइखे। हम अइसन आदमी के चेहरा ना देखल चाहत बानी, हम अपना के दोषी महसूस करब। अइसन आदमी के नाम ना लिहल चाहब। हमनी के अपना आप के दोषी महसूस करब जा।

कंगना रनौत 24 मई 2019 के अपना ट्वीट में लिखले रहली कि, ‘गोमांस चाहे कवनो आउर मांस खइला में कवनो बुराई नइखे।’ ई बात धर्म के बात नइखे। इ कवनो छुपावे वाला बात नइखे कि कंगना रनौत 8 साल पहिले शाकाहारी हो गइली आ योगी बने के फैसला कइली। आजो उऽ खाली एगो धर्म में विश्वास ना करेली। उनकर भाई मांस खाला।

कंगना के एह बयान के बाद उनका खिलाफ प्राथमिकी दर्ज करावे खातिर याचिका दायर भईल, जवना के पंजाब आउर हरियाणा हाईकोर्ट खारिज कऽ देलस। कंगना रनौत के बयान के चलते एकरा से पहिलहु विवाद में पड़ल रहली। ध्यान देवे वाला बात बा कि उ जून 2024 से हिमाचल प्रदेश के मंडी के सांसद के पद पs बाड़ी।

कंगना रनौत राजनीति के संगे-संगे फिल्मों में सक्रिय बाड़ी। अभिनेत्री के अगिला फिलिम ‘इमरजेंसी’ हऽ जवना के एह साल सितंबर में रिलीज होखे के योजना बा। एह फिलिम में उऽ पूर्व प्रधानमंत्री इंदिरा गांधी के किरदार निभवले बाड़ी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]