Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bank Holiday List: नवंबर में 13 दिन बंद रही बैंक, चेक करीं आरबीआई कब-कब आ काहे दिही छुट्टी

242

Bank Holiday List: भारतीय रिजर्व बैंक (RBI) बैंक हॉलिडे लिस्ट जारी करेला। आज से नवंबर के महीना सुरू हो गइल बा। एहु महीना में कइयन दिन बैंकन में छुट्टी रही। जदि रउओ एह महीना बैंक जाये वाला बानी तs रउआ एक बेर बैंक हॉलिडे लिस्ट चेक कs लेवे के चाहीं। आईं जानल जावs कि नवंबर में कवना-कवना दिन आ कवना कारण से बैंकन में छुट्टी रही।

देखत-देखत साल के दूसरका आखिरी महीना सुरू हो गइल। जी हs, आज से नवंबर के महीना सुरू हो गइल बा। एहु महीना देस के कइयन शहरन में साप्ताहिक अवकाश के अलावा कइयन दिन बैंक बंद रहिहें सs। भारतीय रिजर्व बैंक (RBI) नवंबर के बैंक हॉलिडे लिस्ट जारी कs देले बा। जदि रउओ लाइफ सर्टिफिकेट (Life Certificate) जमा करे भा फेर कवनो आउर काम से बैंक जाये के सोच रहल बानी तs रउआ एक बेर बैंक हॉलिडे लिस्ट (Bank Holiday Check) चेक कs लेवे के चाहीं।

हमनी के रउआ के नीचे बताएम सs कि नवंबर में कब आ कहां के बैंक बंद रहे वाला बा।

कवना मवका पs बंद रही बैंक (November Bank Holiday List)

साप्ताहिक अवकाश के अलावे नवंबर में कइयन गो त्योहार बा। ओहिजा विधानसभा चुनाव के कारण बैंक हॉलिडे बढ़ गइल बा। आरबीआई के ओर से जारी बैंक हॉलिडे लिस्ट के मोताबिक-

1 नवंबर 2024 के दिवाली अमावस्या के कारण अगरतला, बेलापुर, बैंगलुरु, देहरादून, गंगटोक, इंफाल, जम्मू, मुंबई, नागपुर, शिलांग, श्रीनगर के बैंकन में छु्ट्टी रही।

2 नवंबर 2024 के बलि प्रतिपदा के मवका पs अहमदाबाद, बेलापुर, बैंगलुरु, देहरादून, गंगटोक, जयपुर, कानपुर, मुंबई, नागपुर, लखनऊ के बैंक बंद रहिहें सs।

7 नवंबर 2024 के छठ परब के अवसर पs कोलकता, पटना, रांची के बैंक में कवनो कामकाज ना होई।

8 नवंबर 2024 के छठ परब के कारण पटना, रांची, शिलांग के बैंक बंद रहिहें सs।

12 नवंबर 2024 के ईगास-बग्वाल के मवका पs देहरादून के सब बैंकन में छुट्टी रही।

15 नवंबर 2024 के गुरु नानक जयंती के अवसर पs अहमदाबाद, बेलापुर,भोपाल, भुवनेश्वर, चंडीगढ़, देहरादून, तेलंगाना, ईटानगर, जयपुर, जम्मू, कानपुर, कोहिमा, कोलकता,लखनऊ,मुंबई, नागपुर, नई दिल्ली, रायपुर, रांची, श्रीनगर, शिमला के बैंक बंद रहिहें सs।

18 नवंबर 2024 के कनकदास के कारण बैंगलुरु के बैकन में छुट्टी रही।

23 नवंबर 2024 के Seng Kutsnem के मवका पs शिलांग के बैंक बंद रही।

बैंक के साप्ताहिक अवकाश

हर अतवार आ महीना के दूसरका-चउथा सनीचर के सब बैंक बंद रहेला। एह हिसाब से नवंबर में बैंक 3,10,17, 24 के अतवार के कारण बंद रही। ओहिजा, 9 (दूसरका सनीचर) आ 23 (चउथा सनीचर) के कारण बैंकन में छुट्टी रही।

एहु दिन बंद रही बैंक 

एह महीना महाराष्ट्र आ झारखंड में चुनाव होखे वाला बा। एह दुनो राज्यन में 13 नवंबर आ 20 नवंबर के चुनाव होई। विधानसभा चुनाव के मतदान वाला दिन एह राज्यन के बैंकन में छुट्टी रही।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.