साँझ के 10 बड़ खबर

Anurag Ranjan
  1. बिहार: तेजस्वी यादव के CBI रेड पs फूटल गुस्सा, सबूत के संगे भाजपा पs कइलें हमला, बोलले- बिहारी डरे वाला नइखे।
  2. बिहार: देवेश ठाकुर विधान परिषद के सभापति निर्वाचित, ग्रहण कइलें पदभार, नीतीश कुमार कइलें अभिनंदन।
  3. उत्तर प्रदेश: बरेली में संदिग्ध हालात में युवक के मौत, पटना के एगो महिला आग लगाके देलस जान, जांच में जुटल पुलिस।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी बीजेपी प्रेसिडेंट- पश्चिमी यूपी में गहिराह पकड़ राखे वाला चौधरी भूपेंद्र सिंह के मिलल यूपी में भाजपा के कमान।
  5. झारखंड: झारखंड CM के विधानसभा सदस्यता पs फसिला कबहुँ: EC के लेटर पs राज्यपाल लिहें कानूनी राय, हेमंत बोलले- हमनी के तइयार बानी सs, जय झारखंड।
  6. सोनाली फोगाट के मौत में हत्या के केस दर्ज: गोवा में 4 घन्टा चलल पोस्टमार्टम के बाद PA सुधीर आ सुखविंदर के बनावल गइल आरोपी।
  7. पैगंबर पs विवादित टिप्पणी: बीजेपी से निलंबित विधायक टी राजा फेर गिरफ्तार, दु दिन पहिले कोर्ट देले रहे जमानत।
  8. 15 घण्टा के ED रेड के बाद प्रेम प्रकाश अरेस्ट: तिजौरी से मिलल रहे दु गो AK-47; प्रेम के 11 ठिकानन पs भइल छापेमारी।
  9. ताइवान के 21 दिन से घेराबंदी: चीन के वॉरशिप आउर फाइटर जेट तैनात, ताइवानी बोलले- अब हमनी के एकरा से डर ना लागेला।
  10. मुंबई एयरपोर्ट पs इरफान पठान के संगे बदसलूकी: काउंटर पs डेढ़ घण्टा तक खड़ा राखल गइल, क्रिकेटर सोशल पोस्ट में बतवले आपबीती।
Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।