Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सोनाली फोगाट मौत ममिला में गोवा पुलिस के कार्रवाई, पीए सुधीर सागवान गिरफ्तार

सोनाली फोगाट के मौत के ममिला उलझते जा रहल बा। गोवा पुलिस मर्डर के केस दर्ज कइले बिया। एह ममिला में दु गो गिरफ्तारी भइल बा जेमे सुधीर सागवान आ सुखविंदर वासी सामिल बा।

539

बिग बॉस के प्रतियोगी आ भाजपा नेता रह चुकल सोनाली फोगाट के मौत के ममिला में गोवा पुलिस हत्या के केस दर्ज कइले बिया। पीटीआई के मोताबिक डिप्टी एसपी जिवबा दालवी बतवले कि पुलिस एह ममिला में दु लोगन के गिरफ्तार कइले बिया जेकर नाव सुधीर सागवान आ सुखविंदर वासी बा। बतावल जा रहल बा कि सुधीर सागवान सोनाली फोगाट के पीए रहे आ उहे फोगाट के अस्पताल ले गइल रहे।

सोनाली फोगाट के भाई रिंकू ढाका सुधीर आ सुखविंद के खिलाफ शिकायत कइले रहले। बियफे के सोनाली के शव के पोस्टमॉर्टम कइल गइल रहे। रिपोर्ट हैरान करे वाला रहे। उनका देह पs चोट के निशान पावल गइल रहे। सोनाली के रिश्तेदार के मोताबिक पोस्टमॉर्टम के बाद सुधीर सागवान आ सुखविंदर वासी के खिलाफ आईपीसी के धारा 302 (हत्या) के तहत केस दर्ज कइल गइल रहे।

परिवारवालन के काहे बा सुधीर पs शक?

सोनाली के मौत के बादे से उनकर परिवार के लोग सुधीर सागवान पs शक करत रहे। गोवा पुलिस एह बात के स्वीकार कइले रहे कि सुधीरे उनका के असप्ताल में भर्ती करवले रहे। परिवार आरोप लगवले कि सुधीर सोनाली के नशा देता रहे आ शारीरिक शोषण करत रहे। ऊ सोनाली के धमकी देत रहत रहे। परिवार के कहनाम बा कि सोनाली के संपत्ति हड़पला खातिर उनकर पीए हत्या कइले बा।

सोनाली के भाई बतवले कि एक बार सोनाली कहले रहली  कि सुधीर उनका के खाना में खीर देले रहे आ एकरा बाद उनकर सेहत बिगड़ गइल रहे। एह ममिला में सुधीर सही जवाब ना देले रहे। ओहिजा सोनाली के घर पs कइयन बेर चोरियो भइल रहे। जवना में उनकर जरूरी दस्तावेज चल गइल। सुधीर के लगे सोनाली के फोन तक रहत रहे। परिवार के आरोप बा कि ऊ आपन मर्जी से परिवार तक से बात ना कs पावत रहली।

बियफे के सोनाली फोगाट के शव के पोस्टमॉर्टम कइल गइल आ ओकर पूरा वीडियोग्राफीयो करावल गइल। एह दौरान सोनाली के भाई आ जीजा अमन पूनिया अस्पताल में रहले। डीजीपी कहले कि एफआईआर दर्ज कs के पूछताछ आ छानबीन कइल जाई।

पति के हो गइल रहे पहिलही मौत

टिकटॉक से आपन पहचान बनावे वाली सोनाली फोगाट भूथन कलां के रहे वाली रहली। उनकर बियाह संजय फोगाट के संगे भइल रहे आ उनका एगो बेटियों बिया। साल 2016 में संदिग्ध परिस्थितियम में संजय के मौत हो गइल रहे। उनकर शव फार्म हाउस में पावल गइल रहे। बिगबॉस में सोनाली बतवले रहली कि पति के मौत के बाद ऊ टूट गइल रहली।

313740cookie-checkसोनाली फोगाट मौत ममिला में गोवा पुलिस के कार्रवाई, पीए सुधीर सागवान गिरफ्तार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.