साँझ के 10 बड़ खबर

Share

  1. बिहार: बिहार में काल्ह होई मंत्रिमंडल के विस्तार… 17 RJD, 13 JDU, 3 कांग्रेस आ एगो हम विधायक ले सकत बा लो शपथ। RJD के अवध बिहारी बन सकेले स्पीकर।
  2. बिहार: रोहतास में 3 सगा भाइयन समेत 4 के मौत, 24 घण्टा में एगो-एगो कs के गइल सभे के जान, जहरीली शराब पिये के बा आशंका।
  3. उत्तर प्रदेश: आजमगढ़ के SP अनुराग आर्य के DGP के गोल्ड मेडल, मुख्तार अंसारी के सल्तनत खतम कइले, 24 अपराधियन के 50 करोड़ के संपत्ति जब्त कइले।
  4. उत्तर प्रदेश: भाजपा, कांग्रेस, सपा-बसपा के कार्यलयन में भइल ध्वजारोहण, सभे राजनैतिक दल मनावल आजादी के 75 साल पूरा होखला के जश्न।
  5. झारखंड: 6 महीना में भरल जाई 37 हजार पद, झारखंड में टीचर भर्ती के लेके CM हेमंत सोरेन के ऐलान।
  6. दलित छात्र के पिटाई से मौत पs विधायक के इस्तीफा: कांग्रेस MLA बोलले- समाज पs अत्यचारन से दुखी; सरकार के रवैया से बाड़े निराश।
  7. सरकार बदलते पावर में बाहुबली आंनद मोहन: कोर्ट में पेशी के बाद परिवार से मिलले, समर्थकन संगे बैठक कइले। 6 पुलिसकर्मी सस्पेंड।
  8. मुकेश अंबानी के धमकावे वाला हिरासत में: सबेरे 10:45 से 12 बजे के बीच 8 फोन आइल, कहलस- 3 घण्टा में परिवार खत्म कर देब।
  9. PM मोदी के लालकिला पs 83 मिनट चलल भाषण: जय-जवान, जय किसान, जय विज्ञान आ जय अनुसंधान के नारा देले, भावुको भइले।
  10. आजादी के 75 सालन में भारत के खेलन के दुनिया में सुपरपावर बने के रहल बा लमहर यात्रा, क्रिकेट से लेके ओलंपिक के खेलन में लगातार बढ़ल भारत के दबदबा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-