- बिहार: सारण जिला में पारिवारिक विवाद में पतोह के ससुर कइले हत्या, गर दबा के भइल ह्त्या आइल अंजोर में।
- बिहार: राजद प्रदेश अध्यक्ष जगदानंद सिंह के छोटका बेटा अजीत सिंह होइहे 12 अप्रिल के जदयु में सामिल।
- उत्तर प्रदेश: मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के साफ निरदेस- गरीबन के झोपड़ी, घर आ दुकानन पs ना चले बुलडोजर।
- उत्तर प्रदेश: यूपी के सफेदाबाद रेलवे स्टेशन के निचिका मिलल टाइम बम, बम निरोधक दस्ता दु घंटा में कइलस डिफ्यूज।
- झारखंड: नक्सली संगठन JPC के सबजोनल कमांडर समेत 5 नक्सली गिरफ्तार, पुलिस तीन रायफल बरामद कइलस।
- पाकिस्तान: एंटी टेरर कोर्ट के फसीला- टेरर फंडिंग के दु गो ममिला में हाफ़िज़ सईद के 31 साल के सजा। इमरान के मंत्री बोलली- SC कानून के ओट में तख़्तापलट कइलस; आज साँझ के इमरान करिहे जनता के संबोधित।
- रूस यूक्रेन युद्ध: रूस डोनेटस्क के लगे रेलवे स्टेशन पs क्रूज मिसाइल दगलस, 39 लोगन के मौत, 100 से बेसी घायल।
- वैक्सीनेशन: 10 अप्रिल से 18+ खातिर कोरोना के तीसरका डोज लागी, नया वेरिएंट के खतरा के बीचे सरकार के फसीला।
- हॉकी: जूनियर महिला विश्व कप में दक्षिण कोरिया के 3-0 से हरा के भारत सेमीफानल में।
- आईपीएल: आज होई पंजाब आ गुजरात के भिड़ंत।
सांझ के 10 बड़ खबर

सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव।
परिचे-
एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।