Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

MORNING UPDATES: साँझ के 10 बड़ खबर

201
  1. बिहार: उदीयमान सुरूज़ के अर्घ देला के संगे चैती छठ भइल सम्पन्न, पटना के घाटन पs दु साल के कोरोनाकाल के बाद फेर उमड़ल श्रद्धालु लोगन के भीड़।
  2. बिहार: MLC ELECTION RESULTS- 24सो सीट पs आइल परिणाम 13 पs एनडीए, 6 पs राजद, एगो पs कांग्रेस आ 4 गो निर्दलीय उम्मीदवार के मिलल जीत।
  3. उत्तर प्रदेश: यूपी में महिला आ बच्चन पs जुलुम करे आलन के खैर नइखे, 100 दिन में 1000 आरोपियन के सजा दिलाई सरकार।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी टीईटी के अंतिम उत्तर कुंजी जारी, आठ सवालन के मिलल समान अंक, आज घोषित होई परिणाम।
  5. झारखंड: जमशेदपुर-वनराज स्टील्स में कीलन के मरम्मत के दौरान फर्नेस में विस्फोट, साथ मजदूर झुलसल, दु के हालत गंभीर।
  6. पाकिस्तान: इमरान खान के बड़ झटका, सुप्रीम कोर्ट संसद भंग करे के फसीला पलटलस। इमरान कैबिनेट के मीटिंग बोलवले, साँझ के करीहे देस के संबोधित।
  7. श्रीलंका: हालत संभारे ला अब आईएमएफ़ से करजा मांगी श्रीलंका, पूर्व मंत्री के आरोप- राजपक्षे विदेस से मिलल पईसा के गबन कइले।
  8. रूस यूक्रेन युद्ध: रूस पs नागरिकन के ह्त्या के आदेस देला के आरोप; यूक्रेन के दावा- 18 हजार रूसी सैनिक मारल गइले।
  9. हॉकी: विश्व जूनियर महिला विश्व कप; कोरिया फतह करे आज उतरी भारत के महिला टीम।
  10. आईपीएल: लखनऊ के तीसरका जीत, दिल्ली के 6 विकेट से हरवलस। आज गुजरात के सोझा पंजाब के चुनौती।
238810cookie-checkMORNING UPDATES: साँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.