- बिहार: लालू प्रसाद यादव के करीबी भोला यादव गिरफ्तार, कई ठिकानन पs आईटी के रेड, IRCTC घोटाला में बाड़े गिरफ्तार। सीबीआई कइलस कारवाई, पांच दिन के रिमांड पs भेजल गइले।
- बिहार: पटना आ नालन्दा में मिलले मंकीपॉक्स के दु गो संदिग्ध मरीज, स्वास्थ विभाग अलर्ट। पटना आ राजगीर में संदिग्ध मिलला के बाद स्वास्थ विभाग के लोगन से सतर्कता बरते के कहलस।
- उत्तर प्रदेश: इस्तीफा देके खलबली मचावे आला राज्यमंत्री दिनेश खटीक काम पs लवटले, स्वतंत्रदेव के साथे बैठक में शामिल। कैबिनेट मंत्री स्वतंत्र देव सिंह आ राज्यमंत्री रामकेश निषाद के साथे सिंचाई विभाग के समीक्षा बैठक में शामिल भइले।
- उत्तर प्रदेश: देवरिया से दिनदहाड़े बेयपारी के अपहरण, पुलिस 10 घण्टा के अंदर बिहार के सीवान से बरामद कइलस।
- झारखंड: सीएम हेमंत सोरेन पांच जिला के 7987 परिवारन के 7182.9 एकड़ से बेसी भूमि पs फलदार पौधा लगावे के देले लक्ष्य।
- कर्नाटक में बीजेपी नेता के कुल्हाड़ी से काटके हत्या: युवा मोरचा के प्रवीण कन्हैया लाल के हत्या के विरोध में कइले रहस पोस्ट, 10 आरोपी हिरासत में।
- इंडियन नेवी भर्ती , अग्निवीर बनी लो लईकी: 20% सीट महिला लोगन खातिर रिजर्व रही, 10वीं पास कs सकत बा लो अप्लाई।
- मिथुन चक्रवर्ती के दावा, 38 TMC विधायकन से अच्छा रिश्ता: कहले- 21 विधायक लो सीधे हमरा संपर्क में, 4 आउर राज्य में बनी भाजपा के सरकार।
- CWG से हटल नीरज चोपड़ा के इमोशनल पोस्ट: लिखले निराश बानी, काहेकि ओपनिंग में तिरंगा ना थाम सकेम, भारतीय दल खातिर मंगले समर्थन।
- भारत-वेस्टइंडीज तीसरा वनडे आज: भारत के लगे पहिला बेर वेस्टइंडीज के ओकरे घर में क्लीन स्वीप करे के मौका, सीरीज पहिलही जीत चुकल बा भारत।
Post Views: 3