- बिहार: पटना पहुंचल राष्ट्रपति उम्मीदवार द्रौपदी मुर्मू मंगली समर्थन, नीतीश कुमार बोलले- भारी बहुमत से होई जीत।
- बिहार: मोतिहारी में 5 लाख रुद्राक्ष से बनल 20 फीट ऊंच पंचमुखी रुद्राक्ष शिवलिंग, सोना के चढ़ल बा परत।
- उत्तर प्रदेश: यूपी दरोगा भरती- अखिलेश यादव मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के पत्र लिखके उठवले सवाल, कइलें उच्चस्तरीय जांच के मांग।
- उत्तर प्रदेश: स्वास्थ विभाग- उप मुख्यमंत्री के पते ना चलल आ सचिव कs देले तबादला, अब दुनों आमने-सामने।
- झारखंड: मुस्लिम बोलले, स्कूल में हमनी के संख्या 75 प्रतिशत, प्राथना सभा हमनी के हिसाब से होई… सरकार बोलल, ना चली केहू के मनमानी।
- IT कानून के खिलाफ कोर्ट जा सकत बिया ट्विटर, सरकार कहले रहे- कंपनी के आदेश मानही के पड़ी।
- कर्नाटक में वास्तु एक्सपर्ट के हत्या: हुबली के होटल में दु लोग पहिले गोड़ छुवल, फेर ताबड़तोड़ चाकू मारके जान लिहल।
- स्पाइसजेट के विमान के पाकिस्तान में इमरजेंसी लैंडिंग: दिल्ली से दुबई जा रहल फ्लाइट के इंडिकेटर में खराबी, फ्यूल टैंक लीक होखे के दावा।
- नूपुर शर्मा पs SC के टिप्पणी से पूर्व जज-ब्यूरोक्रेटस खफा: बोलल लो- सुप्रीम कोर्ट लक्ष्मण रेखा रखलस, अइसे दुर्भाग्यपूर्ण कमेंट ज्यूडिशियरी पs धब्बा।
- इंग्लैंड के खिलाफ भारत के शर्मनाक हार: पांचवा टेस्ट में 7 विकेट से अंग्रेज टीम से मिलल हार, 350+ के टारगेट देके पहिला बेर हारल टीम इंडिया।
साँझ के 10 बड़ खबर

सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव।
परिचे-
एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।