- बिहार: अग्निवीरन के भरती के लेके बिहार में विरोध प्रदर्शन, मुजफ्फरपुर आ बक्सर में अभ्यर्थियन के हंगामा।
- बिहार: पटना में तेजप्रताप यादव के बंगला से लाखन के चोरी, नौकर चोरवलस आइफोन समेत आउर सामान।
- उत्तर प्रदेश: मुलायम के बहु आ भाजपा नेत्री अपर्णा यादव के जान से मारे के धमकी, कहलस- 72 घण्टा में बम से उड़ा दिहल जाई।
- उत्तर प्रदेश: यूपी के पांच लाख युवा लो खातिर गुड़ न्यूज, दु महीना के भीतर मिली फ्री टैबलेट आ स्मार्टफोन।
- झारखंड: रांची हिंसा के मास्टरमाइंड नवाब चिस्ती हर दल के नेता लो के चहेता, मिलल हर दल के नेता लो के साथे तस्वीर।
- राष्ट्रपति चुनाव पs 2 घण्टा अपोजिशन के मीटिंग: ममता गोपाल गांधी आ फारुख अब्दुल्ला के नाम प्रपोज कइली, कांग्रेस-शिवसेना समेत 16 दल शामिल।
- राहुल से तीसरा दिने ईडी के पूछताछ जारी, हिरासत में लिहल गइले प्रदर्शन कs रहल सचिन पायलट।
- I2U2 के पहिला वर्चुअल समिट: अगिला महीना भारत, इजराइल, US आ UAE के बैठक, फूड सिक्योरिटी, ट्रेड आ टेक्नोलॉजी पs होई बात।
- केंसर के बाद HIV के इलाज मिलल: रिसर्च में दावा- वैक्सीन के एक डोज से बेमारी होई खत्म।
- ICC टी-20 रैंकिग में ईशान किशन के कमाल: 68 बल्लेबाजन के पछाड़ टॉप-10 में पहुंचले, टेस्ट में जो रुट नंबर 1।
साँझ के 10 बड़ खबर

सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव।
परिचे-
एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।