- बिहार: बिहार बोर्ड 10 के रिजल्ट- 80% पास, सिमुलतला के टॉप 10 में 5 स्थान पs कब्जा। 487 अंक के संगे स्टेट टॉपर बनली रामायणी रॉय।
- बिहार: मैट्रिक के रिजल्ट में बेटियन के जलवा, टॉपर समेत पहिला पांच में चार गो लईकी।
- उत्तर प्रदेश: सीएम योगी आदित्यनाथ के भ्रष्टाचार पs बड़ एक्शन, सोनभद्र डीएम टीके शिबू के कइल गइल निलंबित।
- उत्तर प्रदेश: भाजपा में जइहे शिवपाल??, समधी आ बीजेपी नेता बनले मध्यस्थ, चरचा के बाजार बावे गरम।
- झारखंड: राजस्थान से झारखंड पहुंचल डॉ॰ अर्चना के मौत के ममिला, डॉक्टर लो लगावल करिया बिल्ला।
- पाकिस्तान: सियासी घमासान में अविश्वास प्रस्ताव पs बहस से पहिलही पाक संसद स्थगित भइल, मरियम बोलली- इमरान मुल्क के मुजरिम, भागे के मवका ना दियाई।
- राज्यसभा: 72 सांसद रिटायर, पीएम मोदी बोलले- अनुभवी साथियन के जाये के कमी हरमेसा खली।
- राजस्थान: जयपुर में सीरियल ब्लास्ट के बड़ साजिश नाकाम, दस किलो आरडीएक्स के संगे तीन लोग गिरफ्तार।
- खेल: झारखंड के यूपी प सानदार जीत, सेमीफाइनल में पहुंचल टीम। 12 वां राष्ट्रीय जूनियर महिला हॉकी में झारखंड के विजय अभियान जारी।
- आईपीएल: अब से तनी देर में चेन्नई-लखनऊ के मैच।
साँझ के 10 गो बड़ खबर

सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव।
परिचे-
एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।