- बिहार: आज 1 बजे जारी होई मैट्रिक के रिजल्ट, टॉपर्स में सिमुलतला के संगे चंपारण के रही दबदबा, 16 लाख छात्र-छात्रा भइल रहे पहिला में सामिल।
- बिहार: सीवान में डबल मर्डर से बवाल, बदमास मुखिया पति आ उनका के भांजा के मरले सs गोली, अलग-अलग इलाका से मिलल लास।
- उत्तर प्रदेश- UP BOARD PAPER LEAK- 12वीं के अंग्रेजी के पेपर लीक केस में बलिया के DIOS आ पत्रकार समेत 17 गिरफ्तार।
- उत्तर प्रदेश- सीएम योगी आदित्यनाथ से शिवपाल यादव के मुलाकात, भाजपा में सामिल होखे के अटकल भइल तेज।
- राजस्थान: गुर्जर आंदोलन के अगुआ रहल कर्नल किरोड़ी सिंह बैसला के निधन, लमहर समे से रहले बेमार।
- रूस-यूक्रेन युद्ध:- US बोलल, पुतिन के गुमराह कर रहल बा लो सलाहकार, यूक्रेन के दावा- कीव आ चेर्निहीव पs रूस के हमला जारी।
- लोकसभा: MCD संसोधन बिल पास, अमित शाह बोलले- सही ढंग से काम करे खातिर एकीकरण जरूरी।
- आधार: आज आधार के पैन से जोड़ लीं, ना तs काल्ह से जुरमाना।
- आईपीएल: रोमांचक मैच में बंगलोर मरलस बाजी, कोलकाता के चार गेना बाकी रहते तीन विकेट से हरवलस।
- आईपीएल: चेन्नई-लखनऊ के मैच आज, दुनों टीम के जीत से रही पॉइंट्स टेबल में खाता खोले के कोसिस।
MORNING UPDATES: भोर के 10 गो बड़ खबर
Published on: Mar 31, 2022
बिहार: आज 1 बजे जारी होई मैट्रिक के रिजल्ट, टॉपर्स में सिमुलतला के संगे चंपारण के रही दबदबा, 16 लाख छात्र-छात्रा भइल रहे पहिला में सामिल। बिहार: सीवान में डबल मर्डर से बवाल, बदमास मुखिया
Share
Tags:
Share this article
खबरें और भी
शाइन या डल? एल्युमिनियम फॉयल के सही साइड के बारे में जान लीं ई जरूरी बात
Lifestyle
अभी-अभी
SIR के विरोध पर सवाल: राजनीति में 13 करोड़, असल जांच के दायरा करीब तीन करोड़
Law & Order
6 घंटे पहले
Suprem Court : दादा-दादी के जगह पोता भी पा सकेला अनुकंपा नियुक्ति, सुप्रीम कोर्ट के बड़ा फैसला
Law & Order
19 घंटे पहले






