[the_ad_group id="30365"]

सांझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: सहरसा, फाइनेंस कंपनी के कर्मी से लूटकांड ममिला में दु गिरफ्तार, देसी कट्टा, जिंदा कारतूस आ बाइक बरामद।
  2. बिहार: राघोपुर में 360 बोतल नेपाली शराब बरामद, तस्कर फरार।
  3. उत्तर प्रदेश: ज्ञानवापी मस्जिद सर्वे, मुस्लिम पक्ष के सुप्रीम कोर्ट से बड़ झटका, सर्वे में दखल से इनकार।
  4. उत्तर प्रदेश: आजमगढ़, पूर्व विधायक सीपू हत्याकांड में कुख्यात कुंटू सिंह हत्याकांड में नव दोसियन के आजीवन कारावास।
  5. आईएएस पूजा सिंघल के रिमांड बढ़ल, सीए के पूछताछ ला ईडी के सउपल गइल।
  6. 2G काल के निराशा आ हताशा से बहरी निकलके देश 5G आ 6G कावर तेजी से डेग बढ़वलस- पीएम मोदी
  7. भारत के पाक के फटकार, कहलस – आंतरिक ममिला में ह्स्तक्षेप के अधिकार नइखे।
  8. बढ़त महंगाई पs कांग्रेस नेता राहुल गांधी एक बेर फेर बीजेपी पs वार करत कहले कि बीजेपी के मुद्दा दंगा आ तानाशाही हs।
  9. अमित शाह अमरनाथ यात्रा के सुरक्षा तैयारियन के लेके उच्च स्तर के बइठक कइले, विमान सेवा बढ़ावे आ सुरक्षा के कड़ा निर्देश देले।
  10. आईपीएल: मुंबई आ हैदराबाद के मैच आज।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]