साँझ के 10 गो बड़ खबर

Share

  1. बिहार: सीएम नीतीश कुमार पs हमला करे आला के कहानी में झोल, घटना के बाद पुलिस बतवले रहे मानसिक रूप से बेमार, बाकिर पीएमसीएच में इलाज सामान्य मरीजन लेखा
  2. बिहार: मोतिहारी के एगो घर में दुगों बम धमाका, 5 गो जिंदा बमो मिलल।
  3. उत्तर प्रदेश: सतीश महाना बनले यूपी विधानसभा के अध्यक्ष। मुख्यमंत्री योगी आ अखिलेश यादव दिहल लो बधाई। ।
  4. उत्तर प्रदेश: आजम खान के ना मिलल ना जमानत, शपथ ग्रहण खातिर ना जा सकिहे विधानसभा।
  5. महाराष्ट्र: सरकार के फसीला वापस लेलस नारायण राणे के बंगला गिरावे के आदेस।
  6. पीएम मोदी करवले 5.21 लाख लोगन के घरभोज। कहले- हर गरीब के घर देवे के बा कोसिस।
  7. जम्मू आ कश्मीर से अनुछेद 370 के हटला के बाद से बाहर के 34 लाख लोग किनले बा संपत्ति। केंद्रीय गृह मंत्रालय देलस लोकसभा में मंगर के जानकारी।
  8. पीएम के बड़ तोहफा: देस के 80 करोड़ लोगन के मिलत रही मुफ्त में आनाज।
  9. बढ़त के संगे बन भइल शेयर बाजार, सेंसेक्स 350 अंक बढ़ के भइल बन।
  10. आईपीएल: हैदराबाद आ राजस्थान के बीचे मुकाबला आज, अब तक के 15 मैचन में 8 बेर हैदराबाद तs 7 बेर राजस्थान के मिलल बा जीत।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-