Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

549
Google Ads 300*250 for posts
  1. बिहार: हेलमेट के नीचे छिपवले रहे 50 लाख के शराब; पंजाब से दरभंगा पहुंचे के रहे खेप, गोपालगंज में पकड़ल गइल; एगो तस्कर गिरफ्तार। 12 चक्का ट्रक में लादल रहे 6 हजार लीटर बिदेसी शराब।
  2. बिहार: कहीं तेजस्वी सीएम ना बन जास… एहिसे डेराइल बाड़ें नीतीश कुमार: सांसद-विधायकन से मीटिंग पs बोललें संजय जायसवाल, मुख्यमंत्री के कुरसी जाये के बा डर।
  3. उत्तर प्रदेश: ‘BSP यूनिफॉर्म सिविल कोड के खिलाफ नइखे’; मायावती बोलली- BJP के लागू करे के तरीका गलत; एक कानून से देस मजबूत होई।
  4. उत्तर प्रदेश: AAP सांसद संजय सिंह के PM मोदी पs हमला; बोललें- प्रधानमंत्री मोदी भ्रष्टाचार के सबसे बड़ पोषक, BJP भारतीय झगड़ा पार्टी बन गइल बिया।
  5. झारखंड: गढ़वा में पीएलएफआई के दु गो उग्रवादी गिरफ्तार; भौवराहा जंगल में हथियार के संगे लुका के बइठल रहले सs। दुनो पहिले जेजेएमपी खातिर काम करत रहलें सs।
  6. अजीत पवार 5वां बेर महाराष्ट्र के डिप्टी सीएम बनलें: 31 महीना में तीसरा बेर शपथ लेलें; NCP के 8 गो विधायक मंत्री बनल लो। शरद पवार के राहुल के समर्थन देहल बनल नाराजगी के वजह।
  7. मणिपुर CM बोललें- हिंसा प्री-प्लांड: इस्तीफा के पेशकश पs बीरेन सिंह कहलें- पीएम आ गृहमंत्री के पुतला जरावल गइल, हम दुखी रहनी।
  8. गजवा-ए-हिंद केस में बिहार, यूपी, गुजरात में NIA के रेड: दरभंगा में 5 जुवकन से 4 घंटा चलल पूछताछ; पटना में किताब दुकान के खंगारल गइल।
  9. आतंकी हमला में पाकिस्तान के कइयन सैनिकन के मौत: 4 के मारल गइला के पुष्टि, बलूचिस्तान के चेक पोस्ट पs तैनात रहे लो। बलूचिस्तान लिबरेशन आर्मी (BLA) हमला के लेले बा जिम्मेदारी।
  10. श्रीलंका विश्व कप खातिर क्वालीफाई कइलस: जिम्बाब्वे के 9 विकेट से हरवलस, 2 नवंबर के भारत से हो सकत बा मुकाबला। 166 रन के लक्ष्य के 33.1 ओवर में हासिल कइलस
584600cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.