सांझ के 10 बड़ खबर

Share

  1. बिहार: शिक्षक अभ्यर्थियन के संगे बीजेपी… 13 जुलाई के विधानसभा मार्च; सम्राट पूछलें- 10 लाख नौकरी के का भइल? नेता प्रतिपक्ष बोललें- सड़क से सदन तक घेरल जाई।
  2. बिहार: 40 घंटा से सोन नदी में फंसल बा 26 ट्रक; रोहतास में बालू लोडिंग के समय फंसल, वैकल्पिक सड़क बनावे में लागल बा 8 पोकलेन। बियफे के देर रात सिंचाई विभाग के ओर से सोन नदी बराज खोलला से बढ़ल जलस्तर।
  3. उत्तर प्रदेश: अखिलेश यादव के जन्मदिन पs लगावल गइल पोस्टर, लिखल बा- भावी प्रधानमंत्री; योगी कइलें ट्वीट -श्रीराम से राउर बढ़िया स्वास्थ के कामना बा। मायावती देली बधाई।
  4. उत्तर प्रदेश: चंद्रशेखर पs हमला करे वाला 4 आरोपी गिरफ्तार; कोर्ट में सरेंडर करे जात रहलें सs, हरियाणा में रचल गइल रहे हमला के साजिश।
  5. झारखंड: धनबाद हिंसक झड़प ममिला में 34 लोग गइल जेल; इलाका में धारा 144 बरकरार, बाघमारा अनुमंडल पुलिस कैंप कर रहल बिया, तनाव के इस्तिथी बरकरार।
  6. उत्तराखंड के चमोली में लैंडस्लाइड से बद्रीनाथ हाईवे बंद; गुजरात के गांधीधाम स्टेशन में पानी भरल; तीन राज्यन में पिछिला एक हफ्ता में 35 मौत।
  7. हाइकोर्ट से जमानत याचिका खारिज, सुप्रीम कोर्ट पहुंचली तीस्ता सीतलवाड़: हाईकोर्ट तुंरत सरेंडर करे के कहलस; गुजरात दंगन में झूठ सबूत गढ़े के बा आरोप।
  8. भारत में रोबोट से हमला के फिराक में रहलें सs आतंकी: रेकी खातिर शिवमोगा में IED ब्लास्ट कइले रहे, NIA के चार्जशीट में खुलासा। सब अरोपी कर्नाटक के रहे वाला।
  9. फ्रांस में हिंसा, कॉन्सर्ट में राष्ट्रपति मैक्रो के विडियो वायरल: प्रदर्शनकारी 2 हजार कार जरावल लो; 1300 दंगाई गिरफ्तार, सड़कन पs बख्तरबंद गाड़ियन के तैनाती।
  10. पाकिस्तान क्रिकेट बोर्ड भारत में सिक्योरिटी टीम भेजी: बोलल वर्ल्ड कप से पहिले शहरन के जांच जरूरी, खामी मिलल तs वेन्यू चेंज करवावल जाई। टी 20 वर्ल्ड कप में बदले के पड़ल रहे वेन्यू।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-