सांझ के 10 बड़ खबर

Share

  1. बिहार: विपक्षी एकता के बैठक के बाद केजरीवाल अड़लें; कहलें- अध्यादेश पs रुख साफ करे कांग्रेस ना तs ओकरा संगे कवनो मीटिंग में सामिल ना होखेम। बैठक में 15 पार्टियन के 27 नेता रहल लो सामिल।
  2. बिहार: शाह बोललें- पटना में विपक्षी एकता खाली एगो फोटो सेशन; जम्मू में कहलें- 2024 में मोदी 300 से जादे सीट लेके तीसरका बेर PM बनिहें।
  3. उत्तर प्रदेश: आगरा में खुलल यूपी के पहिला व्हीकल स्क्रैप सेंटर; 9 स्टेप में कटिहें सs गाड़ी, 6 घंटा में पुर्जा -पुर्जा होई अलग; बन जाई लोहा के बंडल।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी बोर्ड के पाठ्यक्रम में जुड़ी सावरकर के संघर्ष; सीएम योगी के निरदेस पs कइल गइल बदलाव, 50 महापुरुषन के गाथा के कइल गइल सामिल। कक्षा 11वीं आ 12वीं के छात्र पढ़ी लो एह महापुरुषन के गाथा।
  5. झारखंड: ग्लोबल भइल झारखंड के तसर सिल्क; पीएम मोदी अमेरिकी राष्ट्रपति बाइडन के गिफ्ट कइलें इहां तइयार तसर के कपड़ा।
  6. प्रदर्शनकारी पहलवानन के ट्रायल में छूट: योगेश्वर बोललें- धरना के का इहे मकसद?; विनेश बोलली- आपबीती सुन के हंसत रहे; बृजभूषण के नाम लिक कइलस। योगेश्वर कहले रहस- एडहॉक कमिटी बिना नियमन के लेलस ट्रायल में छूट देवे के फैसला।
  7. जम्मू कश्मीर के कुपवाड़ा में 4 आतंकी ढ़ेर: गृहमंत्री अमित शाह के दौरा के बीच घुसपैठ के कोसिस नाकाम, 10 दिन में 11 आतंकी मारल गइलें, एक दिन के जम्मू के दौरा पs पहुंचल बाड़े शाह।
  8. शोपियां रेप केस के झूठ रिपोर्ट बनावे वाला डॉक्टर बर्खास्त: 14 साल पुरान केस में आर्मी के जवान आरोपी रहे लो, 42 दिन तक बंद रहल रहे घाटी।
  9. टाइटन पनडुब्बी में सवार सभे पांच लोगन के मौत: एकर मलबा टाइटैनिक के मलबा के 1600 दूर मिलल, चार दिन से लापता रहे। मलबा में पनडुब्बी के 5 हिस्सा बरामद, विस्फोट के आशंका।
  10. पुजारा आ उमेश भारतीय टेस्ट टीम से बाहर: वेस्टइंडीज दौरा पs जायसवाल, गायकवाड आ मुकेश के मवका; वनडे टीम में सैमसन के वापसी। दु टेस्ट आ तीन वनडे के बाद 5 टी-20 मैचन के सीरीज।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-