[the_ad_group id="30365"]

वंदे भारत पटना-रांची ट्रेन के शेड्यूल जारी: पटना से सबेर 7 बजे खुली ट्रेन, 5 घंटा में तय करी रांची तक के सफर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रेल मंत्रालय पटना से रांची के बीच वंदे भारत ट्रेन के शेड्यूल जारी कs देले बा। ई ट्रेन पटना से सबेरे 7 बजे खुली आ दुपहरिया के एक बजे रांची पहुंची। ट्रेन हफ्ता में मंगर के छोड़ बाकी सब छव दिन चली। पटना से रांची जाये वाली वंदे भारत ट्रेन के नंबर- 22349 हs।

जबकि रांची से पटना आवेवाली ट्रेन के नंबर- 22350 हs। ई रांची से सांझ 4:15 बजे खुली आ रात 10:05 मिनट पs पटना पहुंची। ट्रेन रांची से पटना के बीच के दूरी 5 घंटा 50 मिनट में तय करी।

रेल मंत्रालय एकरा खातिर नोटिफिकेशन जारी कs देले बा। पूर्व मध्य रेलवे हाजीपुर जोन रेल मंत्रालय के लगे वंदे भारत ट्रेन के शेड्यूल भेजले रहे तs एमे हटिया से ट्रेन के परिचालन होखे  के रहे, बाकिर मंत्रालय हटिया से ट्रेन परिचालन के निर्णय खारिज कs दिहल आ अब रांची से पटना खातिर ट्रेन खुली आ पटना से रांची तक ट्रेन आई। वंदे भारत ट्रेन के उदघाटन 27 जून के होई। पीएम मोदी ऑनलाइन हरी झंडी दिखइहें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]