Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

947
Google Ads 300*250 for posts
  1. बिहार: दरभंगा में टाटा सफारी सवार 4 लोगन पs ताबड़तोड़ फायरिंग; 2 के मवके पs भइल मौत, 2 गंभीर; आपराधिक इतिहास वाला अनिल सिंह के गइल जान।
  2. बिहार: बिहार में दु गो बड़ बैंक डकैती; शिवहर में गार्ड के गोली मारके 27 लाख के लूट, मोतिहारी में 18.71 लाख के लूट।
  3. उत्तर प्रदेश: लखनऊ कानपुर में IT के रेड; ज्वेलर्स आ बुलियन कबाड़ी रडार पs, अफसर बोलल लो- 48 से 72 घंटा तक चली छापेमारी।
  4. उत्तर प्रदेश: सीएम योगी सुनलें 700 लोगन के समस्या; बोललें- जरुरतमंदन के हर हाल में बनावल जाव आयुष्मान कार्ड, गंभीर बेमारियन के इलाज में दिहल जाई आर्थिक मदद।
  5. झारखंड: भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष जेपी नड्डा के गिरिडीह दौरा; कहलें- हेमंत सरकार भ्रष्टाचार में लिप्त, इतिहास के सबसे बड़ घोटाला भइल।
  6. फास्टटैग से दुगुना भइल सरकार के कमाई: 5 साल में टोल कलेक्शन 22,820 करोड़ से 50,855 करोड़ पहुंचल। देस में 7.06 करोड़ गाडियन पs फास्टटैग, 2019 के मुकाबले 300 % ग्रोथ।
  7. भारते में बनी हमनी के लड़ाकू विमानन के इंजन: अमेरिका के GE एयरोस्पेस आ भारत के हिंदुस्तान एयरोनॉटिक्स लिमिटेड के बीच भइल समझौता, मोदी-बाइडेन ड्रोन सौदा के ऐलान करी लो।
  8. बंगाल गवर्नर चुनाव आयुक्त के नियुक्ति पत्र लवटवले: सिन्हा के दु बेर राजभवन बोलावल गइल, ना अइलें; TMC बोलल ई संविधान के खिलाफ। राजीव सिन्हा के भइल बा राज्य चुनाव आयुक्त के रूप में नियुक्ति।
  9. प्रधानमंत्री मोदी आज व्हाइट हाउस के स्टेट-डिनर में सामिल होखिहें: मेन्यू में बाजरा केक, समर स्क्वाश, भरवां मशरूम, जिल बाइडेन खुद संभार रहल बाड़ी तइयारियन के जिम्मा।
  10. बॉलीवुड एक्टर संजय दत्त किनलें क्रिकेट टीम: जिम्बाब्वे एफ्रो टी-10 लीग में हरारे हैरिकेंस के को-ऑनर बनलें, PSL के लाहौर कलंदरसो खरीदलस टीम।
575060cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.