सांझ के 10 बड़ खबर
- बिहार: जीतन राम मांझी NDA में सामिल; दिल्ली में गृहमंत्री अमित शाह के संगे बैठक में फैसला, CM नीतीश कुमार के एक हफ्ता पहिले छोड़ले रहस साथ। 45 मिनट तक गृहमंत्री के संगे मांझी के बैठक।
- बिहार: विपक्षी एकता के मीटिंग से पहिले केजरीवाल के शर्त; बैठक में सबसे पहिले केंद्र के अध्यादेश पs चरचा होखे, ना तs सब राज्यन के अधिकार छिनी। बिजली, शिक्षा, बेयपार के अधिकार छीन सकत बिया केंद्र सरकार- अरविंद केजरीवाल।
- उत्तर प्रदेश: सुल्तानपुर जेल में बंद दु बंदियन के मौत, बैरक में फंदा पs लटकल मिलले दुनो कैदी, दुनो एके हत्याकांड में बंद रहले सs।
- उत्तर प्रदेश: गोरखपुर में दिव्यांग महिला के माथा कुच के हत्या; भाई लगवलस रेप के बाद हत्या के आरोप, घर पs अकेले रहत रहे गुड़िया। घटनास्थल पs मिलल हत्या के सुराग।
- झारखंड: बिहान झारखंड के दौरा पs बीजेपी के राष्ट्रीय अध्यक्ष; मिशन 2024 के आगाज! गिरिडीह में होई विशाल जनसभा। जमीनी हकीकत नापे के बा योजना।
- केरल सरकार जारी कइलस सर्कुलर: मैरिज रजिस्ट्रेशन के समय धरम बतावल जरूरी नइखे, कपल के याचिका पs HC देले रहे आदेस।
- 9वां अंतर्राष्ट्रीय योग दिवस: सूरत में सवा लाख लोग एक संगे योग कइलस, लद्दाख से समुंदर में INS विक्रांत तक जवान लोग लगावल आसन। पीएम मोदी अमेरिका से वीडियो सनेस में बोललें- योग ग्लोबल स्पिरिट बन गइल।
- मुंबई में उद्धव-आदित्य के करीबियन के इहां ED के रेड: 12,500 करोड़ के कोविड सेंटर स्कैम में एक्शन; 15 ठिकानन पs तलाश जारी। सेंटर में तैनात डॉक्टरन के लगे ना रहे मेडिकल सर्टिफिकेट।
- टाइटन पनडुब्बी 48 घंटा से लापता, कुछ आवाज सुनाई देलस: 30 घंटा से कम के ऑक्सीजन बांचल बा; एमे भारत में चीता लेवे वाला ब्रिटिश अरबपती हैमिश हार्डिंग मवजूद। टाइटेनिक जहाज के डुबल मलबा देखावे ले जाये के काम में आवेला ई टाइटन पनडुब्बी।
- एकदिवसीय विश्व कप खातिर वेन्यू बदलवावे के पाकिस्तान के मांग खारिज: ऑस्ट्रेलिया से चेन्नई, अफगानिस्तान से बैंगलेरू में खेलल चाहत रहे। ICC इवेंट्स में खाली सुरक्षा कारणन से बदलल जाला वेन्यू।
Comments are closed.