JPU: जय प्रकाश विश्वविद्यालय के 56 प्राध्यापकन के प्रोफेसर के पद पs मिलल प्रोन्नति, इतिहास में एगो प्राध्यापक के प्रमोशन पs गंभीर सवाल

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 22, 2023

छपरा: लमहर समय से रीडर आ लेक्चरर से प्रोफेसर पद पs प्रमोशन के इंतजार कर रहल जेपीविवि के 56 प्राध्यापकन के विवि प्रशासन प्रोफेसर के पद पs प्रोन्नति दे देले बा। एमे कइयन गो प्राचार्य,

Share

छपरा: लमहर समय से रीडर आ लेक्चरर से प्रोफेसर पद पs प्रमोशन के इंतजार कर रहल जेपीविवि के 56 प्राध्यापकन के विवि प्रशासन प्रोफेसर के पद पs प्रोन्नति दे देले बा। एमे कइयन गो प्राचार्य, प्रभारी प्राचार्य आ पीजी हेड सामिल बा लो।

पिछला दिनन विवि में संपन्न सेलेक्शन कमिटी के मीटिंग आ ओकरा बाद सिंडिकेट से अनुमोदन मिलला के बाद विवि द्वारा एकरा के लेके नोटिफिकेशन जारी कs दिहल गइल बा। कुलपति के आदेस पs एकरा के लेके विवि द्वारा पत्रांक 1724 स्थापना दिनांक- 20-6-2023 के द्विबरा विवि अंर्तगत कुल 56 प्राध्यापकन के प्रमोशन दिहल गइल बा। एमे सबसे जादे हिस्ट्री के 11 प्राध्यापक सामिल बा लो। ओहिजा पॉलिटिकल साइंस के 7, इकनॉमिक्स आ साइकोलॉजी के 5-5, केमिस्ट्री के 4, फिजिक्स, जुलोजी, जियोग्रॉफी, कॉमर्स के 3-3, बॉटनी, मैथमैटिक्स, उर्दू के 2-2 आउर संस्कृत, फिलास्पी, हिन्दी, अंग्रेजी आ होमसाइंस में 1-1 प्राध्यापक के नाम सामिल बा ।हालांकि सूची में खाली कार्यरत प्राध्यापक जे प्रोफेसर के निर्धारित योग्यता पूरा करत बा ओकरे के सामिल कइल गइल बा। एमे ऊ प्राध्यापक जे हाले में रिटायर भइल बा ओकर नाम सूची से गायब बा। अइसन में जहां प्रमोशन पाने वाला प्राध्यापकन में हर्ष बा ओहिजा हाल में रिटायर भइल प्राध्यापकन में निराशा बा।

सूची में कइयन प्राचार्य लोगन के नाम बा सामिल

प्रोफेसर के पद पs प्रमोशन पावे वालन में विवि द्वारा जारी सूची में कइयन गो अंगीभूत कॉलेजों के प्राचार्य, प्रभारी प्राचार्य आ पीजी हेड के नाम सामिल बा। एमे नारायण कॉलेज गोरेयाकोठी सीवान के प्राचार्य डा.प्रमेन्द्र रंजन सिंह, एनएलएस कॉलेज दाउतपुर के प्राचार्य डा.केपी श्रीवास्तव ,गंगा सिंह कॉलेज छपरा के प्रभारी प्राचार्य डा.एसी झा, जेपीएम के प्रभारी प्राचार्य डा.मंजू कुमारी सिन्हा, जुलोजी हेड डा.राणा विक्रम सिंह, साइकोलॉजी हेड डा.पूनम सिंह आदि के नाम मुख्य रूप से सामिल बा।

इतिहास विभाग में एके प्राध्यापक के दू बेर मिलल प्रमोशन

हालांकि प्रमोशन सूची में सामिल एगो नाम के कारण समूचा प्रमोशन सूची पs सवाल उठत लउक रहल बा। बतावत चलीं विवि द्वारा जारी नोटिफिकेशन में इतिहास विभाग के प्राध्यापक डा.सैय्यद रजा के लेक्चरर (सेलेक्शन ग्रेड) से प्रोफेसर के पद पs प्रोन्नती दिहल गइल बा। नोटिफिकेशन सूची में उनकर नाम 21वां आ इतिहास सब्जेक्ट में पहिला नंबर पs बा। हालांकि सबसे बड़ सवाल उठत बा कि प्रो.रजा एकरा पहिले प्रोफेसर के पद पs प्रमोशन प्राप्त कs चुकल बाड़ें। एतने ना ऊ ओह प्रमोशन के मिलला के बाद ओकरा मोताबिक वेतन के उठाव आ एरियर के भूगतानो प्राप्त कs लेले बाड़ें। अइसान में अब सवाल उठत बा कि एके व्यक्ति के दु बेर प्रमोशन कइसे मिल सकत बा। जदि पहिला प्रमोशन गलत बा तs फेर ओकरा के रद्द करे के चाहत रहे। सबसे बड़ बात तs ई बा की डा.रजा वर्तमान में विवि द्वारा बनावल गइल सेलेक्शन कमिटी के सह संयोजक रहलें।

साभार: दैनिक भास्कर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.