सांझ के बड़ खबर

Share

  1. बिहार: बिहार में दुनिया के सबसे बड़ मंदिर के निर्माण सुरू; चंपारण में बन रहल बा विराट रामायण मंदिर, अइसन शिवलिंग बनी जवन समूचा विश्व में नइखे। 210 टन वजन होई शिवलिंग के।
  2. बिहार: हाफ पैंट, नंगा पैर सीओ चंद्रजीत प्रकाश के उठाके ले गइल विजिलेंस; सीतामढ़ी में 25 हजार के रिश्वत लेत रंगेहाथ पकड़लस, 50 हजार के रहे डिमांड।
  3. उत्तर प्रदेश: फिलिम आदिपुरुस भजपाइयन के बनवावल; आप नेता संजय सिंह बोललें- भगवान के नाम पs ई लोग धंधा कs रहल बा, बिजली कटौती पs आंदोलन के ऐलान।
  4. उत्तर प्रदेश: अमेरिकन के बेचत रहले सs नकली एंटीवायरस; झांसी के तीन भाई ठगले सs 50 लाख, आधा कीमत में बेचत रहले सs सॉफ्टवेयर; लोकेशन बांग्लादेस देखावs सs। दिल्ली में भइल रहे जालसाजी के ट्रेनिंग।
  5. झारखंड: झमाझम बरखा के संगे मौसम भइल सुहाना, चलल तेज हवा आ दिखल मेघ गर्जन। राज्य में ऑरेंज अलर्ट जारी।
  6. आगरा में जगन्नाथ रथयात्रा में भगदड़: महिला-लईकन समेत 50 लोग रथ के नीचे दबल, चीख-पुकार मचल, रस्सी खींचे के दौरान भइल हादसा।
  7. पुरी में जगन्नाथ रथ यात्रा: शंकराचार्य पूजा कइलें, राजा सोना के रस्सी से रास्ता बहरलें, दर्शन करे पहुंचल 25 लाख लोग।
  8. लिंग तय करे खातिर सलाह देहल अपराध: हाईकोर्ट के फैसला, कीर्तनकार लईका पावे खातिर सम तिथियन पs संबंध बनावे के कहले रहस। मराठी कीर्तनकार निवृति काशीनाथ देशमुख के खिलाफ दर्ज केस खारिज करे से बॉम्बे हाईकोर्ट के इनकार।
  9. चीन बोलल -भारत से दोस्ती बढ़ावल अमेरिका के सेलफिश गेम: कहलस- हमनी के टारगेट कइल बंद करे अमेरिका; सप्लाई चेन में हमनी के नइखे पछाड़ सकत भारत।
  10. बैडमिंटन में सात्विक-चिराग के जोड़ी करियर के बेस्ट तीसरा वर्ल्ड रैंकिंग पs पहुंचल: सिंधु के एक स्थान के फायदा, मेंस सिंगल में प्रणय 9 वां स्थान पs बरकरार।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-