Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

417
  1. बिहार: पहिले नरेंद्र मोदी के गुणगान… अब थर्ड फ्रंट के तलाश; मांझी बेटा के संगे दिल्ली जाके संभावना तलशिहें, नीतीश सरकार से समर्थन वापस लेले। मांझी के बेटा संतोष सुमन देले रहस नीतीश कैबिनेट से इस्तीफा।
  2. बिहार: कांग्रेस छोड़ कुंतल कृष्ण बीजेपी में सामिल; नीतीश के नृतेत्व पs उठवले रहस सवाल, बीजेपी प्रदेश अध्यक्ष सम्राट बोललें- कठपुतली बाड़ें सीएम।
  3. उत्तर प्रदेश: गीता प्रेस के गांधी शांति पुरस्कार देला पs विवाद; जयराम रमेश बोललें- ई गोडसे के सम्मान देला जइसन; भाजपा बोलल- राहुल के सलाहकार से इहे उम्मीद।
  4. उत्तर प्रदेश: लखनऊ-कानपुर समेत बीस जिलन में बारिश के येलो अलर्ट; 30-35 किमी/घंटा के रफ्तार से चली हवा, नोएडा, गाजियाबाद आ मेरठ में भइल तेज बरखा।
  5. झारखंड: संताल के रास्ते झारखंड में प्रवेश कs गइल मानसून; बरखा के अलर्ट, अगिला कुछ घंटन में रांची, सिमडेगा सहित राज्य के कइयन हिस्सन में झमाझम होई बरखा। तापमान में आइल गिरावट।
  6. आईपीएस रवि सिन्हा RAW चीफ बनलें: 30 जून के चार्ज लिहें, दु साल के रही कार्यकाल; फिलहाल कैबिनेट सचिवालय में स्पेशल सेक्रेटरी बाड़ें। मवजूदा RAW चीफ सामंत कुमार गोयल के लिहें जगह।
  7. आदिपुरुष विवाद के बावजूद 300 करोड़ के क्लब में भइल सामिल: मुंबई में हिंदू संगठन शो रूकववलस, मनोज मुंतशिर पुलिस से सुरक्षा मंगले।
  8. कनाडा में खालिस्तानी आतंकी के हत्या: बाइक पs आइल रहले सs हमलावर, पार्किंग में मारल गइल गोली, खालिस्तान टाइगर फोर्स के चीफ रहे हरदीप निज्जर।
  9. ग्रीस बोट हादसा- 300 पाकिस्तानियन के मौत के बाद 9 गिरफ्तार: गैर-कानूनी तरीकन से यूरोप भेजे के आरोप, शाहबाज बोललें- दोषियन के कड़ा सजा दिहल जाई।
  10. भवानी देवी ब्रांज मेडल जीत के इतिहास रचली: एशियन फेंसिंग चैंपियनशिप में मेडल जीते वाली पहिला भारतीय। बजरंग-संगीता, विनेश एशियाई खेलन के तइयारी में जुटल लो: प्रदर्शनकारी पहलवान सोनीपत SAI सेंटर में ट्रायल के प्रैक्टिस कर रहल बा लो।
571460cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.