- बिहार: मोतिहारी में बारात से लवट रहल बस दुर्घटनाग्रस्त, 2 के मौत, बेतिया में गाछ से लटकत मिलल प्रेमी युगल के शव।
- बिहार: जहानाबाद जेल ब्रेक कांड के मुख्य आरोपी शंकर रजक उर्फ बाबा के बेउर जेल में मौत।
- उत्तर प्रदेश: प्रख्यात शायर मुन्नवर राना के हिरदे परिवर्तन, सीएम योगी आदित्यनाथ के फोटो ट्वीट कs के तारीफ में लिखले शेर।
- उत्तर प्रदेश: झांसी में अखिलेश यादव बोलले- चाचा शिवपाल सिंह यादव समाजवादी पार्टी के सदस्य नइखे, हम तs आजम खां के संगे।
- झारखंड: 10 ले हेमंत सोरेन ना दिहे जबाब, तs चुनाव आयोग ली एकतरफा फसीला।
- तीन दिन के यूरोप यात्रा के बाद देश लवटले पीएम मोदी, राष्ट्रपति मैक्रों से मुलाकत में कइयन गो द्विपक्षीय मुद्दन पs बनल सहमति।
- करनाल में चार आतंकी गिरफ्तार: भारी मात्रा में हथियार आ विस्फोटक बरामद। पाकिस्तान में बइठल आतंकी रिंदा से जुड़ल तार।
- रेलवे 24 मई ले रद्द कइलस 1100 से बेसी ट्रेन, कोयला संकट के चलते फसीला।
- नवजोत सिंह सिद्धू पs कारवाई के लेके कांग्रेस बोलवलस मीटिंग, लिहल जा सकेला सख्त डेग।
- आईपीएल में आज दिल्ली आ हैदराबाद के मैच।
साँझ के 10 बड़ खबर

सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव।
परिचे-
एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।