Morning Updates: भोर के10 बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: May 5, 2022

बिहार: बदलल मवसम, सीवान के कइयन गो हिस्सा में बरखा शुरू, बक्सर में तेज आंधी के संगे बरखा शुरू। बिहार: लालू-नीतीश के टेढ़ सियासी चाल के सोझा गली प्रशांत किशोर के दाल? आज करिहे रणनीति

Share

  1. बिहार: बदलल मवसम, सीवान के कइयन गो हिस्सा में बरखा शुरू, बक्सर में तेज आंधी के संगे बरखा शुरू।
  2. बिहार: लालू-नीतीश के टेढ़ सियासी चाल के सोझा गली प्रशांत किशोर के दाल? आज करिहे रणनीति के खुलासा।
  3. उत्तर प्रदेश: राजा भइया के बाबूजी के 2.5 करोड़ ना लवटवलस, प्रयागराज के कारोबारी समेत 5 के खिलाफ भदरी नरेश दर्ज करवले केस।
  4. उत्तर प्रदेश: गोरखपुर में बीजेपी नेता से बदसलूकी चौकी इंचार्ज के पड़ल महंगा, SSP कइले सस्पेंड।
  5. झारखंड: बढ़त महंगाई के बाद अब बिजलीयो बढ़ाई पाकिट पs बोझ, 17 फीसदी ले बढ़ सकेला दर।
  6. राज ठाकरे अजान के मुकाबला में हनुमान चालीसा पs अड़ले, सइयन गो समर्थक हिरासत में।
  7. यूरोप दौरा के आखिरी दिने फ्रांस पहुंचले पीएम मोदी। राष्ट्रपति मैक्रों गला लगा के स्वागत कइले।
  8. बढ़त महंगाई से परेशान RBI रेपो रेट बढ़वलस, लोन पs बेसी EMI चुकावे के होई।
  9. गृह मंत्री अमित शाह पश्चिम बंगाल में रहिहे, उनकर ई दौरा दु दिन के बा।
  10. आईपीएल बेंगलोर चेन्नई के हरवलस, आज दिल्ली आ हैदराबाद के मैच।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.