Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

128
सीवान इन्शुरेंस 720 90
  1. बिहार: CM नीतीश कुमार बोलले- हमहूं इंजीनियरिंग के पढ़ाई कइले बानी, रोड-पुल आ भवन बनावे आला इंजीनियरन के देले नसीहत।
  2. बिहार: NTPC EXAM के लेके बिहान से चली 10 जोड़ी परीक्षा स्पेशल ट्रेन। चार जोड़ी पटना होके जाई।
  3. उत्तर प्रदेश: ज्ञानवापी में आज सर्वे करिहे कोर्ट कमिश्नर, परिसर में सुरक्षा के कड़ा इंतेजाम; 10 मई के होई अगिला सुनवाई।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी में बदली सियासी कलेवर: बीजेपी-कांग्रेस-RLD आ आप के नाया प्रदेश अध्यक्ष के तलाश।
  5. झारखंड: सीएम हेमंत सोरेन के भाई बसंत सोरेन के चुनाव आयोग के नोटिस, आयोग पूछलस- काहे ना अयोग्यता के कारवाई कइल जाव।
  6. बंगाल दौरा पs गइल गृह मंत्री अमित शाह कूचबिहार में बार्डर आउटपोस्ट पs BSF जवानन से मिलिहे।
  7. राजस्थान के भीलवाड़ा में सांप्रदायिक तनाव, जोधपुरो में कर्फ़्यू।
  8. डबल्यूएचओ कहलस- भारत में कोरोना से 47 लाख मौत भइल, ई सरकारी आंकड़न से 10 गुना बेसी।
  9. देश में 10 दिन पहिले आई मानसून, 21 मई के केरल पहुंचे के संभावना।
  10. आईपीएल में हैदराबाद के लगातार तीसरका हार। हाई स्कोरिंग मैच में दिल्ली 21 रन से हरवलस, बेकार गइल पूरन के पारी।
248910cookie-checkMorning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.