- बिहार: ‘हम जा रहल बानी’ कॉल कs के बोलल फेर कइलस खुदकुशी; पटना में नीट के छात्र मरे से पहिले घर के लोगन से बात कइलस, वीडियो तक भेजलस। छपरा के रहे वाला रहे छात्र।
- बिहार: पूर्वी चंपारण में जहरीली शराब से 27 के मौत; 6 के आंख के रोशनी गइल, 2 ASI आ 9 चौकीदार सस्पेंड; 60 तस्कर गिरफ्तार।
- उत्तर प्रदेश: अतीक-अशरफ के शव लेवे रिश्तेदार पोस्टमार्टम हाउस पहुंचल लो; अभी तय ना कब दफनावल जाई; FIR में दावा- नाम कमाये खातिर हमलावरन द्वारा कइल गइल हत्या।
- उत्तर प्रदेश: बीजेपी लखनऊ के 110 वार्डन के प्रत्याशी कइलस घोषित; संगही 8 जिलन के 33 नगर पालिका अध्यक्ष प्रत्याशियन के लिस्ट कइल गइल जारी।
- झारखंड: बिहान सीएम हाउस के छात्र करी लो घेराव; सबेरे आठ बजे से मुख्यमंत्री आवास के दु सौ मीटर के दायरा में रही धारा 144, आदेस जारी। 60:40 नियोजन नीति आ खतियान आधारित स्थानीय नीति के लेके बा विरोध।
- शराब नीति केस, केजरीवाल से CBI ऑफिस में पूछताछ जारी: राघव चड्ढा अरविंद के कृष्ण बतवलें; AAP के 6 से जादे MLA हिरासत में। राघव चड्ढा भाजपा के कंस कहलें।
- जहां मोदी पs बयान देके सांसदी गववलें, ओह जगे पहुंचलें राहुल गांधी: कहलें- कर्नाटक में सरकार बनल तs बेरोजगारन के 3 हजार, महिला लोगन के 2 हजार भत्ता।
- देस में कोरोना के डेली केस घटल: 24 घंटा में 10 हजार 93 नया मरीज मिलल लो, 23 मौत भइल, एक्टिव केस 57 हजार के पार।
- पाकिस्तान के अभियो कर्जा देवे से कतरा रहल बा IMF: संगठन नया सिरा से गारंटी मंगलस, सऊदी अरब- UAE के डिपॉजिट तक काम ना आइल। 7 अरब डॉलर करजा के बा उम्मेद।
- आईपीएल 2023: आज के पहिला मैच में कोलकाता देलस मुंबई के 186 रन के टारगेट, ईशान किशन अर्धशतक बना के आउट, अर्जुन तेंदुलकर के आईपीएल में डेब्यू।
सांझ के 10 बड़ खबर

सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव।
परिचे-
एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।