सांझ के 10 बड़ खबर

Share

  1. बिहार: हिंसा पs मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के हाईलेवल मीटिंग, नालंदा-सासाराम से 109 गिरफ्तार; नालंदा में मारल गइल जुवक के परिजन से कइले बात, 5 लाख के मुआवजा के ऐलान। सीएम हर हाल में शांति बहाल करे के कहलें- मुख्य सचिव आमिर सुबहानी।
  2. बिहार: शाह बोललें- नीतीश खातिर भाजपा के दरवाजा बंद; कहलें-2024 में बिहार सरकार गिर जाई, दंगाइयन के उल्टा लटकाके सीधा कइल जाई। लालू जी भुला जाई कि नीतीश कुमार राउर बेटा के सीएम बनइहें।
  3. उत्तर प्रदेश: केशव प्रसाद मौर्य बोललें- सपा माने.. गुंडा आ दंगा समर्थक; आगरा में मुगलन के इतिहास हटावे पs कहलें- कांग्रेस के अगुआई में झूठ इतिहास पढ़ावल गइल।
  4. उत्तर प्रदेश: निकाय चुनाव में ताकत दिखइहें मायावती; दलित, मुस्लिम आ पिछड़ा वोटर्स पs रही फोकस, बोलली- सपा भाजपा के मजबूत कइलस। निजी स्वार्थ से अलग जिताऊ उम्मीदवार के तलाश करे के कहली।
  5. झारखंड: ‘ पगली घंटी’ बजतही दउड़ पड़ल लो पुलिसकर्मी, धनबाद जेल में मचल अफरा तफरी, कम से कम 100 पुलिस कर्मियन के इस्थिति से निबटे खातिर भेजल गइल। गैंगवार के रहे आशंका।
  6. भाजपा बनवलस कांग्रेस फाइल्स: पहिला एपिसोड में 4.82 लाख करोड़ के घोटालन के जिकिर कइलस, कहलस- पिक्चर अभी बाकी बा।
  7. पेगासस जइसन नया स्पाईवेयर किने के तइयारी में केंद्र सरकार: 986 करोड़ रुपिया के बजट; ग्रीस-इजराइल के फर्म लगा सकत बिया बोली। भारत के इजराइली कंपनियन के स्पाइवेयर में जादे इंटरेस्ट।
  8. ISRO री-युजेबल लॉन्च व्हीकल के सफल लॉन्चिंग कइलस: सैटेलाइट भेजला के बाद टेस्ट रेंज वापस लवट आई, दोबारा इस्तेमाल कइल जा सकी। RLV से सैटेलाइट लॉन्चिंग से मिशन के लागत कम होई।
  9. जापानी बिदेस मंत्री बोललें- हमनी के बिजनेसमैन के रिहा करे चीन: जासूसी के आरोप लगा के लगा के चीन कइले रहे गिरफ्तार। बीजिंग के दौरा पs योशीमाशा कहलें- फुकूशिमा पावर प्लांट के बारे में गलत जानकारी ना फइलावे।
  10. पूर्व भारतीय क्रिकेटर सलीम दुर्रानी के निधन: 88 साल के उमिर में लेलें आखिरी सांस, भारतीय टीम में खेले वाला पहिला अफगानी रहस। 29 टेस्ट में 1202 रन बनवला के संगही 75 विकेट लेले रहस।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-