सांझ के 10 बड़ खबर
- बिहार: बिहार में महंगा हो गइल बिजली.. 24.10% के बढ़न्ती; 100 यूनिट पs डेढ़ सौ रुपिया जादे देवे के होई; ऊर्जा मंत्री बोललें – बढ़ल टैरिफ पs सरकार विचार करी।
- बिहार: मनीष कश्यप के मुश्किल आउर बढ़ल; EOU के 3 दिन के रिमांड आउर मिलल; तमिलनाडु पुलिसो 15 दिन के मंगलस 15 दिन के ट्रांजिट रिमांड।
- उत्तर प्रदेश: वाराणसी के मिली देस के पहिला अर्बन ट्रांसपोर्ट रोप-वे; 644 करोड़ से बनी। वाराणसी से गौदौलिया तक 3.8 किमी होई एकर लंबाई।
- उत्तर प्रदेश: उमेश पाल हत्याकांड; लल्ला से अशरफ के राज उगलवाई SIT? कोर्ट से मंगलस तीन दिन के रिमांड, 27 के होई सुनवाई।
- झारखंड: झारखंड नियोजन नीति के विरोध में बवाल; विधानसभा घेरे जा रहल युवा लोगन पs लाठीचार्ज, आंसू गैस के गोला दागल गइल, छात्र नेता जयराम हिरासत में।
- मानहानि केस में राहुल गांधी के 2 साल के सजा: सूरत कोर्ट से जमानत मिलल, 2019 में कहलें रहस- सब चोरन के सरनेम मोदी काहे।
- मुंबई में BMC माहिम बीच से दरगाह हटवलस: राज ठाकरे कहले रहस- अवैध दरगाह ना तुड़ल गइल तs लगही गणपति मंदिर बनाएम। कोस्टल रेगुलगेशन एक्ट के चलते हटावल गइल दरगाह: मंत्री दीपक केसरकर
- भाजपा 4 राज्यन में प्रदेश अध्यक्ष बदललस: राजस्थान में सीपी जोशी चीफ, इहां एही साल चुनाव; बिहार में सम्राट चौधरी के कमान। दिल्ली के कमान कार्यकारी अध्यक्ष रहल वीरेंद्र सचदेवा के, ओडिशा में मनमोहन सावल के कमान मिलल।
- इजराइली पीएम के अब सुप्रीम कोर्ट तक ना हटा सकी: नेतन्याहू के खिलाफ करप्शन केस में फैसला से पहिले बिल पास, विपक्ष बोलल- तानाशाही। पीएम नेतन्याहू पs चल रहल बा 3 करप्शन केस।
- नीतू घंघास वर्ल्ड बॉक्सिंग के फाइनल में पहुंचली: सेमीफाइनल में मवजूदा एशियाई चैंपियन कजाकिस्तान के बाल्किबेकोवा के हरवली।
Comments are closed.