Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

802
Google Ads 300*250 for posts
  1. बिहार: बिहार के मंत्री बोललें- अग्निवीर हिजड़न के फौज: सुरेंद्र यादव कहलें- अग्निविर योजना ले आवे वालन के फांसी पs चढ़ा दिहल जाव, के करी रिटायर्ड अग्निवीर से बियाह।
  2. बिहार: पटना में BTSC कैंडिडेट्स पs लाठीचार्ज; 4 साल से पेंडिंग बा रिजल्ट, BJP ऑफिस के घेराव करे जात रहे लोग।
  3. उत्तर प्रदेश: नेहा राठौर बोलली- UP पुलिस अपराधियन जइसन ट्रीट कइलस; संविधान के संगे फेसबुक पs लाइव अइली, गाके सुनवली आपन मौलिक अधिकार।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी में कानून बेवस्था के आउर बेहतर करे खातिर खर्च होई 37165.99 करोड़, पुलिस भवनन के निर्माण पs रही विशेष जोर।
  5. झारखंड: झारखंड HC ED से पूछलस… केतना साइबर क्रिमिनल्स गिरफ्तार भइलें; देवघर, जामताड़ा, साहिबगंज साइबर क्राइम पs सुनवाई; TRAI के बनवलस प्रतिवादी।
  6. पवन खेड़ा के सुप्रीम कोर्ट से अंतरिम जमानत: PM पs कमेंट के खिलाफ बिहान असम में केस, आज दिल्ली में विमान से उतारके गिरफ्तारी भइल।
  7. म्यामार बॉर्डर पs पुलिस नगा विद्रोहियन के कैंप उड़वलस: AK-47, M16 समेत कइयन हथियार बरामद, 6 साल पहिले सेना कइले रहे सर्जिकल स्ट्राइक।
  8. विश्वभारती यूनिवर्सिटी में देखावल जाई BBC के डॉक्यूमेंट्री: जहां टेलीकास्ट होई ओकरा से कुछ दूर पs रक्षामंत्री देखिहें टैगोर पदावली, BJP बोलल – ई राजनाथ के अपमान।
  9. काशी विश्वनाथ में बाबा के आरती भइल महंगा: 1 मार्च से भक्तन के मंगला आरती के 500 रुपिया देवे के होई; श्रद्धालुअन के भीड़ के वजह बतावल गइल।
  10. दिल्ली के कप्तानी करिहें वार्नर, मारकर्म के हैदराबाद के कमान: DC के उपकप्तान बन सकत बाड़े अक्षर पटेल; 31 मार्च से सुरू होई नया सीजन।
468380cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.