[the_ad_group id="30365"]

Pawan Khera: कांग्रेस प्रवक्ता पवन खेड़ा के बढ़ल मुश्किल, गिरफ्तारी खातिर दिल्ली पहुंचल असम पुलिस, मामिला के ना कइलस खुलासा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कांग्रेस नेता पवन खेड़ा के खिलाफ असम के दिमा हसाओ जिला के  हाफलोंग पुलिस थाने में मामला दर्ज कईल  गईल बा । मामला दर्ज भईला के बाद असम पुलिस के  एगो टीम पवन खेड़ा के हिरासत में लेबे खातिर दिल्ली रवाना हो गईल बिया । असम पुलिस के आईजीपी प्रशांत कुमार भुयन ई जानकारी दिहले । एह से पहिले पवन खेड़ा के दिल्ली एयरपोर्ट पs रोक के दिल्ली पुलिस हिरासत में लेले रहे। असम पुलिस के आईजीपी प्रशांत कुमार भुयन बतवले कि हमनी के दिल्ली पुलिस से उनका हिरासत में लेबे  के निहोरा कईले रहनी जा । उ बतवले  कि स्थानीय कोर्ट के अनुमति मिलला  के बाद पवन खेड़ा के असम  ले आवल  जाई |

हालांकि पुलिस अधिकारी ई जानकारी ना दिहले  कि पवन खेड़ा के खिलाफ कवना  मामला  में शिकायत दर्ज भईल बा । पवन खेड़ा कांग्रेस के अधिवेशन में शामिल होखे  खातिर अउरी कांग्रेस नेता लोगन  के संगे रायपुर जात रहले । दिल्ली पुलिस द्वारा पवन खेड़ा के हिरासत में लिहल गईला  के बाद अउरी कांग्रेस नेता उनका  समर्थन में दिल्ली एयरपोर्ट पs ही धरना पs बईठ गईल रहले। एह ममिला के चलते दिल्ली एयरपोर्ट पs खूबे हंगामा  भईल आ पुलिस अधिकारियों आ  कांग्रेस नेता लोगन के बीचे  बड़ा तींत बहस भईल ।

बता दिहीं कि हालहीं में पवन खेड़ा  अदाणी मामला में प्रधानमंत्री मोदी के पिता के लेके आपत्तिजनक टिप्पणी कइले रहले  । जेकरा  बाद से  भाजपा  के नेता लोग  पवन खेड़ा के बयान के बड़ा आलोचना कइले  रहे । दरअसल पवन खेड़ा  बीतला  दिने गौतम अदाणी मामला  पs एगो प्रेस कॉन्फ्रेंस के संबोधित करत  कहले रहले  कि हम कह रहल  बानी कि आप संसद में चर्चा से काहें भागते बानी। हम कह रहल  बानी कि जेपीसी के  मांग से आप काहें डेरात  बानी । जब नरसिम्हा राव, अटल बिहारी वाजपेयी जेपीसी बईठा सकत बाड़ें  तs नरेंद्र गौतम दास, सॉरी दामोदर दास मोदी के  का दिक्कत बा ? एकरा बाद  पवन खेड़ा  जरी बईठल आदमी से  पूछलें  कि गौतम दास या दामोदर दास? एह  पs लगे बइठल आदमी  दामोदर दास कहलस तs उहो दामोदर दास कहलें। एकरा  बाद उ कहले  कि नाम दामोदर दास बा  बाकिर  काम गौतम दास के  बा । अतना कहिके पवन खेड़ा हंस दिहले  रहले ।

एकरा बाद भाजपा समर्थक आ भाजपा नेता पवन खेड़ा के बयान के  अमर्यादित बतावले  आ  उनका के  निशाना पs लिहले । पवन खेड़ा के खिलाफ उत्तर प्रदेश के लखनऊ आ वाराणसीयो में  शिकायत दर्ज करावल गईल बा ।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]