साँझ के 10 बड़ खबर

Share

  1. बिहार: मुकेश अंबानी के धमकी देवे वाला दरभंगा से गिरफ्तार; राकेश मिश्रा के साथे ले गइल मुंबई पुलिस, 5 अक्टूबर के देले रहे धमकी। मोबाइल लोकेशन से धराइल आरोपी, रिलायंस फाउंडेशन अस्पताल के उड़ावे के देले रहे धमकी। मुकेश अंबानी आ उनका परिवार के सदस्य लोगन के मारे के धमकियो देले रहे आरोपी।
  2. बिहार: बेटा सुधाकर सिंह के बाद अब जगदानंद सिंह के इस्तीफा के चरचा; बोलले- ई बेकार बात, आज दिल्ली जायेम, लालू से मुलाकात होई। बेटा के इस्तीफा के अंदाज से लउकल रहे नाराजगी।
  3. उत्तर प्रदेश: मेदांता जारी कइलस मुलायम सिंह यादव के हेल्थ बुलेटिन, अखिलेश बोलले- हालत में सुधार।
  4. उत्तर प्रदेश: शाईन सिटी के सीएमडी के गिरफ्तारी खातिर विदेश मंत्रालय से पत्राचार, एमडी से पांच घण्टा पूछताछ। आर्थिक गबन के बारे में ईओडब्ल्यू आ एसएफआइएस के टीम जुटवले बिया जानकारी। दुबई से कई देशन में चला रहल बा आपन नेटवर्क।
  5. झारखंड: 10 अक्टूबर के झारखंड कैबिनेट के बैठक। एह बैठक में स्थानीय नीति आ आरक्षण के लेके विधानसभा के विशेष सत्र बोलावे संबंधी प्रस्ताव आ सकत बा, ओहिजा सीएम सारथी योजना के प्रस्ताव प मुहर लाग सकत बा।
  6. लिटरेचर के नोबेल फ्रेंच रायटर एनी के: कमेटी कहलस एनी के लेखन में साहस-संवेदना के संगम, भाषा बा बहुते आसान।
  7. भारत जोड़ो यात्रा में पहुंचली सोनिया गांधी: 15 मिनट पैदल चलला के बाद राहुल वापस भेजले रहस, आराम के बाद फेर लवटली। कांग्रेस के बा दक्षिण से गहिराह नाता, जब जब संकट आइल दक्षिण भारत मुस्किल से उबरलस।
  8. मैकिसको के सिटी हॉल में फायरिंग: बदमाश मेयर समेत 18 लोगन के गोली मारके हत्या कइले स। सेना तैनात। 15 दिन में गोलीबारी के ई तीसरका घटना बा।
  9. इंदिरा गांधी अंतरराष्ट्रीय एयरपोर्ट प कस्टम विभाग के बड़ कार्रवाई: करोड़न के घड़ियन के जब्त कइल गइल। एगो के कीमत 27 करोड़। दुबई से आइल यात्री के हिरासत में लिहल गइल।
  10. भारत आ दक्षिण अफ्रीका के मैच 40 ओवर के कइल गइल, टॉस जीतके भारत के गेंदबाजी। विमेंस एशिया कप में बड़ उलटफेर; थाइलैंड पाकिस्तान के 4 विकेट से हरवलस, थाईलैंड के एह टूर्नामेंट में पहिला जीत।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-