[the_ad_group id="30365"]

लता मंगेशकर चौक : सीएम योगी आजु करिहें लोकार्पण, लता के बहू अउरी भतीजा भी होइहें शामिल, पीएम दीहें वीडियो संदेश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सुर साम्राज्ञी लता मंगेशकर के नाम पर बनल स्मृति चौक के लोकार्पण समारोह बुध के आयोजित होई। सीएम योगी आदित्यनाथ अउरी केंद्रीय संस्कृति मंत्री जी किशन रेड्डी चौक के उद्घाटन करिहें। चौक के उद्घाटन समारोह में लता मंगेशकर के भतीजा अउरी बहू भी आवतने। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आपन वीडियो संदेश दीहें।

लोकार्पण समारोह सुबह 10:50 बजे शुरू होई। समारोह के ले के चौक अउरी कार्यक्रम स्थल रामकथा पार्क के सजावे के काम मंगर के दिन भर जारी रहल। अफसर भी लगातार तैयारियन के समीक्षा में जुटल रहे।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी दिवंगत गायिका लता मंगेशकर के उन के जयंती पर याद करत कहली, “हमके खुशी बा कि आजु अयोध्या में एगो चौक के नाम उनके नाम पर रखल जाई।”

रामनगरी के नयाघाट बंधा चौराहा अब लता मंगेशकर चौराहा के नाम से जानल जाई। एह चौराहा के लोकार्पण समारोह के बाद सब अतिथि मुख्य कार्यक्रम स्थल रामकथा पार्क पहुंचिहें। जहवाँ लता जी के श्रद्धांजलि अर्पित कइल जाई। एकरे बाद लता के भतीजा आदिनाथ मंगेशकर अउरी बहू कृष्णा मंगेशकर के स्वागत होई।

कार्यक्रम के क्रम में लता के भजन के प्रस्तुति प्रख्यात गायिका सावनी रविंद्र महाराष्ट्र द्वारा दीहल जाई। लता मंगेशकर चौक के बनत देखावत एगो लघु फिल्म भी दिखावल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]