Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

395
Google Ads 300*250 for posts
  1. बिहार: चलत ट्रेन में 15 किमी तक मोबाइल चोर के लटकवले राखल, बेगूसराय में जंगला से झपटल तs पैसेंजर हाथ पकड़लस, खगड़िया तक अइसही ले गइल। खगड़िया में GRP के हवाले कइल गइल चोर।
  2. बिहार: नीतीश बोलले- सरकार बनल त विशेष राज्य के दरजा देम, 2024 के लेके बड़ ऐलान- खाली बिहारे ना सब पिछड़ल राज्यन के मिली दरजा।
  3. उत्तर प्रदेश: लखीमपुर में 2 गो दलित बहिनन के हत्या: गैंगरेप के बाद गर दबा के मर्डर कइल गइल, फेर गाछ प लटकावल गइल, दुनों के दफनावल गइल। 7वीं आ 10वीं के छात्रा रहे लो दुनो मृतक।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी के डिप्टी सीएम केशव प्रसाद मौर्य के अखिलेश यादव प तंज, कहले- उनकर तबियत ठीक नइखे, डॉक्टर रहती त जरूर इलाज करतीं।
  5. झारखंड: सोरेन सरकार के फसीला लागू होई 1932 के खतियान; OBC आरक्षण 27 प्रतिशत तक बढ़ी, राज्य में रिजर्वेशन बढ़ के 77 प्रतिशत भइल।
  6. दौसा में बोरवेल में गिरल 2 साल के लईकी: पानी के बोतल पहुंचावल गइल त पकड़ लेलस, 100 फीट गहिराह गड़हा खोन के सुरंग के माध्यम से निकालल जाई। प्रशासन के टीम मौका पs मवजूद, निकाले के कोसिस बा जारी।
  7. हाथी दउरवलस, चट्टान प चढ़ले उत्तराखंड के पूर्व CM: त्रिवेंद्र सिंह रावत के काफिला के सोझा आइल हाथी; 15 मिनट तक हाइवे प अफरा-तफरी।
  8. रूस के राष्ट्रपति पुतिन के कार के बम से उड़ावे के कोसिस: पुतिन के काफिला के एम्बुलेंस रोकलस; सिक्योरिटी सर्विसेज के कइयन गो गार्ड सस्पेंड।  आत्मघाती हमला के आशंका।
  9. आज से उज्बेकिस्तान में SCO समिट: साँझ के 6:40 बजे समरकंद खातिर रवाना होइहें पीएम मोदी, जिनपिंग आ शाहबाज शरीफ से भेंट कइला प सस्पेंस।
  10. ICC के प्रेसिडेंट बनिहें सौरव गांगुली: नवंबर से पहिले छोड़ दिहें आपन पद, बीसीसीआई के अध्यक्ष होइहें जय शाह। बीसीसीआई के सूत्र देलस एनडीटीवी स्पोर्ट्स के एकर जानकारी।
331060cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.